[the_ad_group id="30365"]

Manipur Violence के बीच बिहारियन के सुरक्षा के लेके नीतीश सरकार अलर्ट, लोगन के सुरक्षित वापस ले आवे के निरदेस 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मणिपुर हिंसा के लेके चिंता जतवलें बाड़ें। सीएम उहां रहे वाला बिहारियने के सुरक्षा के लेके चिंतित बा। एकराके लेके ऊ मुख्य सचिव आमिर सुबहानी के निरदेस देलें कि ऊ मणिपुर में रह रहल बिहारियन के सुरक्षा सुनिश्चित करस।

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार मुख्य सचिव आमिर सुबहानी के ई निरदेस देलें कि मणिपुर में रह रहल बिहार के लोगन के समुचित सुरक्षा खातिर ऊ मणिपुर के मुख्य सचिव से बात करस। ओह लोगन के समुचित सुरक्षा सुनिश्चित कइल जाव।

मुख्यमंत्री कहलें कि मणिपुर में रह रहल बिहार के अइसन लोग जे वापस बिहार आवल चाहत बा। ओह लोगन के वापस लवटे में मुख्य सचिव सुविधा उपलब्ध करावस। जवना से ऊ सुरक्षित बिहार वापस आ सके लो।

बता दीं कि मणिपुर के कइयन जिलन में हिंसा भइल। जनजातीय समूहन द्वारा रैली निकाले के बाद हिंसा के आग भड़क गइल। राज्य के आठ जिलन में कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा। सेना के जवान तैनात कइल गइल बा। उहां के हालात अब कंट्रोल में बा। पांच दिन खातिर इंटरनेट सेवा बंद कs दिहल गइल बा।

ओहिजा, राज्य में लगातार बढ़ रहल हिंसा के देखते, मोबाइल डेटा के बाद मणिपुर में ब्रॉडबैंड सेवा के निलंबित कर दिहल गइल बा। रिलायंस जियो फाइबर, एयरटेल एक्सट्रीम, बीएसएनल सब ब्रॉडबैंड आ डेटा सेवा पs रोक लगा दिहल गइल बा।

मणिपुर में आदिवासियों के आंदोलन के दौरान भड़कल हिंसा के बाद इस्थिति के नियंत्रित करे खातिर मणिपुर के सरकार सख्त कदम उठवले बिया। राज्य सरकार हिंसाग्रस्त इलाकन में उपद्रवियन के देखतही गोली मारे के आदेस देले बिया।

एने, मणिपुर में बिगड़ल हालात के देखके लोगन के सुरक्षित जगह पs पहुंचावल गइल। सेना के प्रवक्ता के मोताबिक अब तक हिंसाग्रस्त चूड़चंदपुर में करीब 5,000 लोगन के सुरक्षित घरन में पहुंचावल गइल। ओहिजा 2,000 लोगन के इंफाल घाटी आ 2,000 आउर लोगन के तेंगनौपाल जिला के सीमावर्ती शहर मोरेह में निकालल गइल बा।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]