[the_ad_group id="30365"]

Bihar: शिक्षकन खातिर 7 हजार नया पद पs होई बहाली, प्री-मैट्रिक छात्रवृत्ति योजना चलाई बिहार सरकार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

शिक्षक अभ्यर्थियन खातिर काम के खबर बा। बिहार सरकार 7 हजार नया पदन पs शिक्षकन के बहाली करे के घोषणा कइले बिया। ई सब शिक्षक विशेष लईकन के पढ़ावे खातिर बहाल कइल जाई लो। एह प्रस्ताव पs मंगर के देर सांझ नीतीश कैबिनेट पs मुहर लागल। बिहार सरकार के दावा बा कि जल्दिये एकर प्रक्रिया सुरू कs दिहल जाई।

अब सीधे छात्रन के अकाउंट में राशि भेजी सरकार

मुख्यमंत्री नीतीश कुमार अध्यक्षता में कैबिनेट के बैठक आयोजित कइल गइल। एमे 35 प्रस्तावन पs मुहर लागल। शिक्षा से जुड़ल कइयन मुद्दा पs मुहर लागी। एमे फैसला लिहल गइल बा कि बिहार सरकार अब सीधे छात्रन के अकाउंट में राशि भेजी। संगही मुख्यमंत्री पिछड़ा वर्ग आ अत्यंत पिछड़ा वर्ग प्री-मैट्रिक छात्रवृत्ति योजना सरकार चलाई। माने सरकार अपना बलबूता पिछला आ अति पिछला वर्ग के लईकन के छात्रवृति दी।

वेतन-भत्ता में 30 से 35 हजार प्रतिमाह तक बढ़ल

कैबिनेट के बैठक में सीएम नीतीश कुमार समेत सब मंत्रियन के वेतन-भत्ता 30 से 35 हजार हर महीना बढ़वला के प्रस्ताव पs मुहर लागल। अब ई राशि बढ़के हर महीना माह पौने तीन लाख तक रुपिया मिली। सीएम नीतीश कुमार कैबिनेट के बैठक में बिहार के मंत्रियन के वेतन भत्ता पेंशन नियमावली में संशोधन के मंजूरी दे दिहल गइल बा। बता दीं कि एकरा पहिले बिहार सरकार MLA, MLC विधानमंडल में मुख्य सचेतक, उप मुख्य सचेतक आ सचेतक के वेतन-भत्ता में बढ़न्ती कइल गइल रहे। उनका के 2.50 लाख रुपिय हर महीना मिल रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]