[the_ad_group id="30365"]

नीति आयोग के कइल गईल पुनर्गठन, पीएम मोदी होहिहेें अध्यक्ष, एs नेता लो के मिलल सदस्यता

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नीती आयोग के पुनर्गठन हो गइल बा. एह आयोग के अध्यक्ष प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी हउवें. जबकि सुमन के बेरी के नीती आयोग के वाइस चेयरमैन बनावल गइल बा. एकरा संगे डॉ. वीके सारस्वत, प्रोफेसर रमेश चंद्र, डॉ. वीके पॉल अवुरी अरविंद वीरमणि के एs आयोग के स्थायी सदस्य बनावल गईल बा। बता दीं कि नीति आयोग के पदेन सदस्यन में रक्षा मंत्री राजनाथ सिंह, गृहमंत्री अमित शाह, कृषि मंत्री शिवराज सिंह चौहान आ वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण के नाम शामिल बा. पथ परिवहन मंत्री नितिन गडकरी आ स्वास्थ्य मंत्री जेपी नड्डा के भी नीती आयोग के सदस्य बनावल गइल बा।

नीती आयोग में सहयोगी दल के जगह मिलल

एकरा अलावे एनडीए के बाकी सहयोगी दल के भी नीती आयोग में सदस्यता दिहल गईल बा। भारी उद्योग मंत्री एचडी कुमारस्वामी, एमएसएमई मंत्री जीतन राम मांझी, पंचायती राज मंत्री ललन सिंह, सामाजिक न्याय मंत्री वीरेंद्र कुमार, नागरिक उड्डयन मंत्री के राममोहन नायडू, आदिवासी मामिला मंत्री जुएल ओराम, महिला आ बाल कल्याण मंत्री अन्नपूर्णा देवी, खाद्य प्रसंस्करण मंत्री चिराग पासवान आ स्वतंत्र प्रभार वाला राज्य मंत्री राव इंदरजीत सिंह के नीती आयोग में विशेष, आमंत्रित सदस्य के रूप में शामिल कइल गइल बा. नीती आयोग के ई पुनर्गठन मोदी सरकार 3.0 में सहयोगी देशन के बढ़त महत्व के देखावत बा.

नीती आयोग कवन काम करेला?

उल्लेखनीय बा कि पिछला बेर कृषि मंत्री नरेंद्र सिंह तोमर के पदेन सदस्यन में जगह दिहल गइल रहे. बाकिर अबकी बेर कृषि मंत्री शिवराज सिंह चौहान के पदेन सदस्य के पद पs नियुक्ति भईल बा। बता दीं कि नीती आयोग भारत सरकार के टॉप पब्लिक पॉलिसी थिंक टैंक के रूप में काम करेला। एकर काम में 15 साल के रोड मैप, 7 साल के विजन, रणनीति अवुरी एक्शन प्लान, अमृत भारत, डिजिटल इंडिया, अटल इनोवेशन मिशन, मेडिकल एजुकेशन रिफॉर्म, कृषि सुधार शामिल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]