NISSAN वापस बोलवलस 4 लाख से बेसी गाड़ी, सीट बेल्ट आ स्टीयरिंग व्हील में समस्या

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2023

निसान उत्तरी अमेरिका में सीट बेल्ट आ स्टीयरिंग व्हील में समस्या के कारण आपन 463,000 से बेसी पुरान वाहनन के वापस बुला रहल बा। वाहन निर्माता कंपनी लोगन के सुरक्षा के लेके बहुते सतर्क हो

Share

निसान उत्तरी अमेरिका में सीट बेल्ट आ स्टीयरिंग व्हील में समस्या के कारण आपन 463,000 से बेसी पुरान वाहनन के वापस बुला रहल बा। वाहन निर्माता कंपनी लोगन के सुरक्षा के लेके बहुते सतर्क हो चुकल बिया, जवना से चालकन के कार चलावे में कवनो परेसानी के सामना ना करे के पड़ी।

सीट बेल्ट आ स्टीयरिंग व्हील में समस्या

वाहन निर्माता कंपनी निसान के मुख्य रूप से वापस बोलावे वाला कार में 2008 से 2011 तक कुछ फ्रंटियर छोट पिकअप, टाइटन बड़ पिकअप आ Xterra, पाथफाइंडर आ अरमाडा एसयूवी बा। 2008 आ 2009 के क्वेस्ट मिनीवैन सामिल बा, एकरा संगही कार में इस्तेमाल कइल जाये वाला लगभग 11,000 पुर्जो सामिल बा। निसान के कहनाम बा कि एह कारण लोगन के चोट लाग सकत बा।

कंपनी अभी तक कार के सर्विस करे के काम सुरू नइखे कइले। हालाकिं एकरा खातिर अप्रिल के सुरुआत में ग्राहकन के एगो पत्र मिली, जवना के बा ई बतावल जाई कि ओह लो के कब सर्विसिंग खातिर डीलर के लगे जाये के बा आ कब राउर कार सर्विसिंग सुरू होई।

रेनो-निसान मिलके ले आई 6 नए मॉडल

भारतीय बाजार में धमाल मचावे खातिर रेनो-निसान एक संगे मिलके 6 नया मॉडलन के लेके आवे वाला बा। एकरा के लेके दुनो कंपनियन अपना आउर से पूरा तरे से तइयार बा। कंपनी चार नया सी-सेग्मेंट एसयूवीज आ दु गो नया ए-सेग्मेंट इलेक्ट्रिक वीइकल्स के पेश करे वाला बा। एमे एगो कंपनी के तीन मॉडल्स होई, जो ग्लोबल मॉड्यूल फ़ैमिली (सीएमएफ़) प्लेटफ़ॉर्म पs बेस्ड होई। रउआ बता दीं ई सब मॉडल्स घरेलू स्तर पs चेन्नई के प्लांट में तइयार कइल जाई। कंपनी एह नया प्रोजेक्ट में 5,300 करोड़ रुपिया निवेश करी। एकरे कारण बिजनेस सेंटर में 2,000 नया लोगन के रोजगारो मिली।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.