तिरुपति जा रहल बस में ट्रक मरलस जोरदार टक्कर, 9 लोगन के भइल मउत; 15 से अधिक घायल

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 12, 2024

  कर्नाटक : कोलार के पास शुक के सबेरे एगो बड़ दुर्घटना भईल। इहाँ एगो ट्रक सवारी से भरल बस से टकरा गईल। बतावल जाता कि इs बस यात्री के संगे बेंगलुरु से तिरुपति जात

Share

 

कर्नाटक : कोलार के पास शुक के सबेरे एगो बड़ दुर्घटना भईल। इहाँ एगो ट्रक सवारी से भरल बस से टकरा गईल। बतावल जाता कि इs बस यात्री के संगे बेंगलुरु से तिरुपति जात रहे। अबे ले एs दुर्घटना में 9 लोग के मउत के जानकारी सोझा आईल बा, जबकि एs दुर्घटना में 15 से जादे लोग घायल होखे के बात कहल जाता। फिलहाल पुलिस टीम मौका पs पहुंच गईल बिया। साथ ही राहत आ बचाव के काम भी हो रहल बा। पुलिस टीम घाही लोग के अस्पताल ले जाए में लागल बिया। घायल लोग के अस्पताल में इलाज चल रहल बा।

 

 

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.