[the_ad_group id="30365"]

निकाय चुनाव: आज जारी हो सकत बा सीटन के अंतिम आरक्षण, सपा के आपत्तियन के कारण निस्तारण में लाग रहल बा जादा समय

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगरीय निकाय चुनाव खातिर सीटन के अंतिम आरक्षण पs आइल आपत्तियन के निस्तारण के कार्यवाही सुक के देर रात तक जारी रहे। अंतिम आरक्षण के अधिसूचना सनीचर के जारी हो सकत बा। ओहिजा राज्य निर्वाचन आयोग 9 भा 10 अप्रिल तक चुनाव के तारीखन के एलान कs सकत बा।

नगर विकास विभाग के ओर से निकाय चुनाव खातिर अंतिम आरक्षण के अधिसूचना 30 मार्च के जारी भइल रहे। विभाग के ओर से अंतिम आरक्षण पs 6 अप्रिल तक आपत्ति मांगल गइल रहे। जिलाधिकारियन से लेके विभाग के निदेशालय तक नगर पंचायत अध्यक्ष, नगर पालिका परिषद के अध्यक्ष आ महापौर पद पs आरक्षण के लेके 2000 से बेसी आपत्ति मिलल बा।

विभाग के टीम हर आपत्ति के अध्ययन कs के ओकर निस्तारण करे के कार्यवाही बियफे के सांझे से सुरू कs देले रहे। सुको के आपत्तियन के निस्तारण के कार्यवाही चलत रहल। विभाग के सूत्रन के मोताबिक आपत्तियोन के निस्तारण होखला के बाद आरक्षण के अंतिम अधिसूचना कबो जारी कइल जा सकत बा। अतवार के हर हाल में जारी करे के संभावना जतावल जा रहल बा।

सपा के आपत्तियन के निस्तारण में लाग रहल बा जादे समय

समाजवादी पार्टी के ओर से आरक्षण पs जतावल गइल आपत्तियन के लेके सुक के दिनभर नगर विकास विभाग में मशक्कत भइल। सपा के ओर से जतावल गइल हर आपत्ति के निस्तारण खातिर विधिक राय लिहल गइल। देर रात तक सपा के आपत्तियन के निस्तारण पs कार्यवाही चलत रहल।

अबकी बेर शहरी निकाय चुनाव में जादे खर्च कs सकी उम्मीदवार लोग

उप्र नगरीय नगर निकाय चुनाव में अबकी बेर प्रत्याशी जादे खर्च कs पाई लो। राज्य निर्वाचन आयोग खर्च के सीमा पिछला चुनाव के मुकाबले बढ़ा देले बा। पिछला चुनाव में नगर निगम महापौर पद पs चुनाव में खर्च के सीमा 25 लाख रुपिया रहे। एह बेर नया सीमा तय कइल गइल बा। जवना निगम में 80 से बेसी वार्ड बा उहां महापौर प्रत्याशी 40 लाख रुपिया आ 80 से कम वार्ड वाला नगर निगम में महापौर के उम्मीदवार 35 लाख रुपिया तक खर्च कs पाई लो।

पार्षद ढ़ाई लाख के बजाय अबकी बेर तीन लाख रुपिया खर्च कs पाई लो। एह तरे नगर पालिका में जहां 25 से 40 वार्ड बा उहां अध्यक्ष उम्मीदवार पहिले अधिकतम 6 लाख खर्च कs सकत रहे लो। अब 9 लाख तक खर्च कs सकी लो। 41 से 55 वार्ड के नगर पालिका में दावेदार 8 लाख के बजाय 12 लाख खर्च कs सकी लो। सभासद 1.5 के बजाय 2 लाख रुपिया खर्च कs सकी लो। नगर पंचायत अध्यक्ष पद खातिर अधिकतम खर्च सीमा 1.5 से बढ़ाके 2 लाख रुपिया जबकि सदस्य खातिर 30000 से बढ़ाके 50000 रुपिया कs दिहल गइल बा।

निकाय चुनाव: महापौर उम्मीदवार के देवे के होई 12 हजार रुपिया जमानत राशि

नगरीय निकाय चुनाव में उम्मीदवारन खातिर नामांकन पत्र के मूल्य आ जमानत राशि के सूचना जारी कs दिहल गइल बा। सभे जिला निर्वाचन अधिकारियन के एह बाबत पत्र भेज दिहल गइल बा। महापौर पद खातिर सामान्य श्रेणी के उम्मीदवार के खातिर नामांकन पत्र के मूल्य एक हजार रूपिया, जमानत राशि 12000 रुपिया, पार्षद खातिर मूल्य 400 रुपिया आ जमानत राशि 2500 रुपिया तय कइल गइल बा।

एससीएसटी, महिला आ ओबीसी वर्ग के खातिर महापौर पद के नामांकन पत्र के मूल्य 500 रुपिया आ जमानत राशि 6000 रुपिया, पार्षद खातिर 200 आ जमानत के राशि 1250 रुपिया तय कइल गइल बा। नगर पालिका अध्यक्ष खातिर नामांकन पत्र के कीमत सामान्य वर्ग खातिर 500 रुपिया, जमानत राशि 8000 रुपिया, एससीएसटी, महिला आ ओबीसी खातिर 250 आ जमानत के राशि 4000 रुपिया तय कइल गइल बा। सदस्य खातिर सामान्य वर्ग ला 200, जमानत राशि 2000, एससीएसटी, महिला आ ओबीसी खातिर 100 आ जमानत राशि 1000 रुपिया तय कइल गइल बा।

सामान्य वर्ग खातिर नामांकन पत्र के कीमत 250 रुपिया

नगर पंचायत अध्यक्ष पद में सामान्य वर्ग खातिर नामांकन पत्र के कीमत 250 रुपिया, जमानत राशि 5000 रुपिया, एससीएसटी महिला आ ओबीसी वर्ग खातिर नामांकन पत्र के मूल्य 125 आ जमानत राशि 2500 रुपिया तय कइल गइल बा। सदस्य खातिर एही तरे सामान्य वर्ग खातिर 100 रुपिया आ जमानत राशि 2000 रुपिया, एससीएसटी, महिला ओबीसी खातिर 50 आ जमानत राशि 1000 रुपिया तय कइल गइल बा।

साभार: अमर उजाला

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]