[the_ad_group id="30365"]

NIA: केरल के कोच्चि में एनआईए के छापामारी, संदिग्ध नक्सलियन के खिलाफ भइल कार्रवाई

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

माओवादी नेता साल 2019 में पुणे के यरवदा जेल से रिहा भइल रहे। उऽ साल 1976 में भइल कायन्ना पुलिस स्टेशन हमलो में आरोपी बा।

राष्ट्रीय जांच एजेंसी (एनआईए) आज केरल के कोच्चि में कई गो ठिकाना पs छापामारी कइलस। ई छापामारी नक्सलवाद से जुड़ल कुछ कथित संदिग्धन के ठिकाना पs भइल। मीडिया रिपोर्ट्स के अनुसार, एनआईए माओवादी नेता मुरलीधरन कन्नमपल्ली के ठिकाना पs छापेमारी कइलस। छापा मारे वाली एनआईए टीम में आठ अधिकारी शामिल रहले।

माओवादी नेता साल 2019 में पुणे के यरवदा जेल से रिहा भइल रहे। उऽ साल 1976 में भइल कायन्ना पुलिस स्टेशन हमला में आरोपी बा। करीब 40 साल से फरार रहला के बाद महाराष्ट्र के आतंकरोधी पुलिस साल 2015 में मुरलीधरन के गिरफ्तार कइले रहे। मुरलीधरन पूर्व आईएफएस अधिकारी कन्नमपल्ली करुणाकरन मेनन के बेटा हऽ।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]