[the_ad_group id="30365"]

गलत बा भोजपुरी के सुप्रसिद्ध गायिका आ बिहार कोकिला शारदा सिन्हा के निधन के वायरल हो खबर, सोशल मीडिया पs तैर रहल बा अइसन अफवाह

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

खबर भोजपुरी: ए घरी सोशल मीडिया के जमाना में गलत खबरन के बढ़ावा आ अफवाह के फइले के खतरा बनल रहत बा। हालिया वाकया भोजपुरी के प्रख्यात लोकगायिका आ बिहार कोकिला शारदा सिन्हा से जुड़ल बा। शारदा सिन्हा के निधन के खबर के अफवाह सोशल मीडिया पs पिछिला दु दिनन से तैर रहल बा। जवना के वजह से लोग असमंजस के इस्तिथि में आ गइल।

दु दिन पहिले से तमाम सोशल मीडिया अकाउंट्स से अइसन पोस्ट अपडेट होखे लागल जवना में ई सूचना रहे कि शारदा सिन्हा जी के निधन हो गइल बा। असल में बीतल 14 जून के हिंदी फिलिमन के पार्श्व गायिका रहल शारदा राजन आयंगर के निधन भइल आ एही खबर के लोग शारदा सिन्हा के  नाम से चलावे लागल।

बेटा अंशुमन सिन्हा कइलें खंडन

ई गलत सूचना एतना तेजी से वायरल भइल कि लोग एकरा बारे में एक दूसरा से जानकारी लेवे लागल। अइसन में सूचना शारदा सिन्हा जी के परिवार के लगे जब पहुंचल तब बेटा अंशुमन सिन्हा विडियो सनेस के माध्यम से एकर खंडन कइलें आ प्रशंसक लोगन के बतवलें की शारदा सिन्हा जी एकदम सुरक्षित आ सकुशल बानी।

अफवाह का खण्डन । शारदा सिन्हा |
#zinda_ri_sakhiyan #shardasinha_death_fakenews

Posted by Sharda Sinha on Thursday, 15 June 2023

 

बता दीं कि शारदा सिन्हा अपना गायिकी से लोगन के दिलन पs राज करेली आ भारत के तीसरा सबसे बड़ सर्वोच्च नागरिक सम्मान पद्म भूषण से सम्मानित बानी। भोजपुरी आ मैथिली के चाहे वाला करोड़न लोगन खातिर ई बतावल जरुरी बा कि सोशल मीडिया पs फइल रहल ई खबर एकदम अफवाह आ भ्रम के इस्तिथि पैदा करे वाला बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]