गोरखपुर से अब वाराणसी आ अयोध्या ले चली इलेक्ट्रिक बस, सरकार के हरियर झंडी

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 16, 2024

  अब गोरखपुर के लोग के वाराणसी, अयोध्या जईसन धार्मिक स्थल के यात्रा कईल बहुत आसान हो जाई। रोडवेज जल्दिए 200 किलोमीटर के त्रिज्या में 250 इलेक्ट्रिक बस चलावे के काम करी। सरकार एकरा के

Share

 

अब गोरखपुर के लोग के वाराणसी, अयोध्या जईसन धार्मिक स्थल के यात्रा कईल बहुत आसान हो जाई। रोडवेज जल्दिए 200 किलोमीटर के त्रिज्या में 250 इलेक्ट्रिक बस चलावे के काम करी। सरकार एकरा के मंजूरी दे देले बिया। गोरखपुर रोडवेज मैनेजमेंट एह रूट के रूपरेखा तइयार कs के संचालन के प्रस्ताव प्रबंध निदेशक के भेज दिहले बा.

परिवहन निगम के आरएम लव कुमार सिंह कहले कि जल्दिए 250 इलेक्ट्रिक बस के गोरखपुर परिवहन निगम के बेड़ा में शामिल कईल जाई। एह अंतर-जिला बस सेवा के संचालन से नजदीकी जिला देवरिया, कुशीनगर, बस्ती, आजमगढ़, मऊ, बलिया आदि के गोरखपुर से वाराणसी, अयोध्या आ सौनौली से जोड़ल जाई। वाराणसी, अयोध्या जईसन धार्मिक स्थल के भ्रमण में इs बस सेवा के अहम भूमिका होई।

एकरा के इंटरसिटी बस सेवा निहन चलावल जाई। वाराणसी खातिर करीब 50, अयोध्या खातिर 20, सोनौली रूट पs 10 आ आसपास के जिला खातिर चार-चार बस चलावल जाई।

 

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.