Mahakumbh 2025: महाकुंभ के अंतिम अमृत स्नान शुरू, त्रिवेणी घाट पs लागल भक्तन के भीड़

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 3, 2025

महाकुंभ के आखिरी अमृत स्नान आजु शुरू हो गइल बा. आज पंचमी तिथि ब्रह्म मुहूर्त में होई, एही से आखिरी अमृत स्नान के भी बसंत पंचमी के अमृत स्नान कहल जा रहल बा। आज नागा

Share

महाकुंभ 2025

महाकुंभ के आखिरी अमृत स्नान आजु शुरू हो गइल बा. आज पंचमी तिथि ब्रह्म मुहूर्त में होई, एही से आखिरी अमृत स्नान के भी बसंत पंचमी के अमृत स्नान कहल जा रहल बा। आज नागा साधू के अखाड़ा सबसे पहिले नहाले। एकरा बाद नागा साधू के समूह महाकुंभ से अपना आखर में लवट आई। नागा साधू लोग के संगे आज प्रयागराज के त्रिवेणी संगम में भी करोड़ों श्रद्धालु डुबकी लगाईहे। 

सीएम योगी खुदे सबेरे साढ़े तीन बजे से एह व्यवस्था के निगरानी कs रहल बाड़े

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ सबेरे साढ़े तीन बजे से महाकुंभ के अमृत स्नान के अपना सरकारी आवास स्थित वॉर रूम से निगरानी करत बाड़े। एs दौरान सीएम जी डीजीपी, गृह प्रधान सचिव अवुरी मुख्यमंत्री कार्यालय के अधिकारी के संगे लगातार बसंत पंचमी के अमृत स्नान के अपडेट लेके जरूरी निर्देश दे रहल बाड़े। बता दीं कि एह तीसरा आ आखिरी अमृत स्नान में पहिला आखर स्नान सकुशल पूरा हो गइल बा.

त्रिवेणी संगम के ड्रोन विजुअल देखीं

महाकुंभ मेला क्षेत्र में बसंत पंचमी के अवसर पs तीसरा अमृत स्नान खातीर हजारन गो श्रद्धालु जुटले, त्रिवेणी संगम के ड्रोन विजुअल देखीं.

बसंत पंचमी अमृत स्नान के महत्व

बसंत पंचमी के अमृत में स्नान करके भक्त मोक्ष प्राप्त करेले। एकरा संगे 7 पीढ़ी ले के शुद्धिकरण भी अमृत में नहा के कईल जाला। पुरनिया के आत्मा के शांति खातिर आ स्वस्थ शरीर खातिर भी पवित्र डुबकी लगावल बहुत शुभ मानल जाला। अमृत स्नान कइला से शरीर के रोग भी ठीक हो जाला आ ऊर्जा आपके तन आ मन में संचारित हो जाला। 

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.