Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Twitter: एलन मस्क न्यूयॉर्क टाइम्स के बतवलें ‘प्रोपेगैंडा’, ट्विटर अकाउंट से हटावल गइल ब्लू टिक

मस्क के एह योजना के तहत न्यूयॉर्क टाइम्स के ब्लू टिक हटा दिहल गइल बा आ ओकरा के वेरिफाइड बिजनेस अकाउंट वाला गोल्ड टिक दिहल गइल रहे।

412

ट्विटर मीडिया के दिग्गज संस्थानन में से एगो न्यूयॉर्क टाइम्स के गोल्ड वेरिफाइड मार्कर के हटा देले बा। ट्विटर के ई डेग अइसन समय आइल बा, जब एलन मस्क अतवार के न्यूयॉर्क टाइम्स के आलोचना कइले रहस आ एकरा रिपोर्टिंग के प्रोपेगैंडा करार देले रहे। मस्क ट्वीट में लिखलें कि न्यूयॉर्क टाइम्स के असल दिक्कत ई बा कि ओकर प्रोपेगैंडा दिलचस्पो नइखे। मस्क न्यूयॉर्क टाइम्स के कंटेंट के तुलना डायरिया से कइले आ कहलें कि ई पढ़हू लायक नइखे।

मस्क के योजना के तहत हटावल गइल वेरिफाइड टिक

बता दीं कि एलन मस्क बीतल साल ट्विटर के अधिग्रहण कइले रहस आ ओकरा बाद ऊ ट्विटर के वेरिफाई अकाउंट खातिर ब्लूटिक देवे खातिर चार्ज वसूले के एलान कइले रहस। मस्क के एलान के मोताबिक एक अप्रिल से वेरिफाई अकाउंट से तय राशि लेहल सुरू हो गइल बा। मस्क के एह योजना के तहत न्यूयॉर्क टाइम्स के ब्लू टिक हटा दिहल गइल बा। ओकरा के वेरिफाइड बिजनेस अकाउंट वाला गोल्ड टिक दिहल गइल रहे।

न्यूयॉर्क टाइम्स भुगतान से कइलस इनकार

अब जब न्यूयॉर्क टाइम्स के गोल्ड टिक हटा दिहल गइल बा तs ओकरा गोल्ड टिक वापस लेवे खातिर 1000 डॉलर मासिक के भुगतान करे के होई। ओहिजा आउर संबद्ध अकाउंट्स खातिर 50-50 डॉलर हर महीना भुगतान करे के पड़ी। ओहिजा, न्यूयॉर्क टाइम्स के कहनाम बा कि ऊ वेरिफाई बिजनेस अकाउंट खातिर भुगतान ना करी आ खाली अपना पत्रकारन खातिर ब्लू टिक के सब्सक्रिप्शन ली काहेकि ओह लोगन काम खातिर जरूरी बा।

सब्सक्रिप्शन पs मिली कइयन गो अतिरिक्त फायदा 

बता दीं कि अभी तक कवनो सेलिब्रिटी, सरकारी संस्थान भा जानल-पहचानल चेहरे के ब्लू टिक मिलत रहे। हालांकि अब मस्क के सब्सक्रिप्शन प्लान के तहत केहूओ हर महीना भुगतान कs के ब्लू टिक ले सकत बा। संगही ब्लू टिक यूजर्स के कुछ अतिरिक्त सुविधो मिली, जइसे ट्वीट के कैरेक्टर लिमिट बढ़ जाई। संगही ट्वीट में एडिट भा अनडू के विकल्पो मिली।

500730cookie-checkTwitter: एलन मस्क न्यूयॉर्क टाइम्स के बतवलें ‘प्रोपेगैंडा’, ट्विटर अकाउंट से हटावल गइल ब्लू टिक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.