Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

रणबीर कपूर के ‘एनिमल’ के नया रिलीज डेट आईल सामने, Gadar-2 के कारण नाहीं , एह वजह से भइल पोस्टपोन

1,414

 

रणबीर कपूर के फिल्म ‘एनिमल’ 11 अगस्त के रिलीज होखे वाला रहे। फिल्म के टक्कर सनी देओल के फिल्म ‘गदर-2’ अवुरी अक्षय कुमार के ‘ओएमजी 2’ से होखे के रहे, लेकिन संदीप वंगा रेड्डी के निर्देशन ‘एनिमल’ के 1 दिसंबर 2023 तक बढ़ा दिहल गईल बा। हाल ही में एह फिलिम के नया रिलीज डेट सामने आइल बा आ अब ई फिलिम 1 दिसंबर 2023 के सिल्वर स्क्रीन पs रिलीज होखी। हाल ही में तारन आदर्श संदीप रेड्डी वंगा के आधिकारिक बयान के एगो वीडियो भी शेयर कईले बाड़े, जवना में उ बतावत बाड़े कि फिल्म के स्थगित करे के कारण का बा।

दिसंबर में रिलीज होखी

संदीप रेड्डी वंगा कहत बाड़न कि ई फिलिम कई गो भाषा में रिलीज होखी जवना के चलते बहुते गाना के रचना अलग अलग भाषा में करे के पड़ी। एकरा चलते देरी हो रहल बा। एनिमल एह साल के सबसे प्रतीक्षित भारतीय फिलिमन में से एगो ह। एह फिलिम में रणबीर कपूर एगो दमदार अवतार में देखे जा रहल बाड़न। रणबीर के अइसन लुक पहिले कबो ना देखले रहतीं। फिल्म के प्री टीजर कुछ समय पहिले रिलीज भइल रहे जवना में रणबीर कपूर दर्जनों सोना के नकाबपोश आदमी से लड़त देखल गइल रहले।

एकरा चलते स्थगित क दिहल गईल

जानकारी के मुताबिक ए फिल्म के स्थगित करे के कारण ‘गदर-2’ अवुरी अक्षय कुमार के ‘ओएमजी 2’ नईखे, लेकिन अबे ले काम वीएफएक्स विभाग के ओर से नईखे भईल, एहीसे एकरा के स्थगित कईल जाता। एह फिलिम के निर्माता एह फिलिम के वीएफएक्स से समझौता नइखन कइलचाहत। भले एकरा खातिर फिल्म में देरी करे के पड़े। एह फिलिम में रणबीर कपूर के अलावे बॉबी देओल आ रश्मिका मंदाना के भी देखे के मिली। प्रशंसक एह अभिनेता-अभिनेत्री के देखे खातिर बेचैन बाड़े। एह सिनेमा में अनिल कपूर नजर अइहें।

एह फिलिमन के रिलीज कइल जाई

‘टाइगर 3’ रणबीर कपूर के फिल्म ‘एनिमल’ से कुछ हफ्ता पहिले रिलीज होखे जा रहल बा। प्रशंसक बेसब्री से ‘टाइगर 3’ के इंतजार करत बाड़े। एह फिलिम में सलमान खान आ कैटरीना कैफ के नजर आवे जा रहल बाने। एकरा संगे किंग खान यानी शाहरुख खान भी एह में कैमियो करे वाला बाड़े। साथही ‘एनिमल’ के बाद शाहरुख खान के ‘डंकी’ रिलीज होखी।

 

 

 

 

 

585340cookie-checkरणबीर कपूर के ‘एनिमल’ के नया रिलीज डेट आईल सामने, Gadar-2 के कारण नाहीं , एह वजह से भइल पोस्टपोन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.