[the_ad_group id="30365"]

Bihar News : लईका-लईकी के संगे बईठल लउकल तs…; कॉलेज प्रिसिंपल लिखके जारी कइलें फरमान, अब चिट्ठीयो वायरल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

सीवान के जेड ए इस्लामिया कॉलेज के प्राचार्य हैरान करे वाला फरमान जारी कइले बाड़ें। कहलें बाड़ें कि जदि कॉलेज कैंपस भा क्लास में छात्र-छात्रा संगे बईठल भा हंसी मजाक करत लउकल लो तs ओह पs कार्रवाई होई। अब एह तुगलगी फरमान के बाद हड़कंप मच गइल। लोग कॉलेज प्रबंधन के फरमान से दंग बा। उनकर कहनाम बा कि आज देस चांद पs पहुंच चुकल बा। अइसन में ऊ लईका आ लईकी में भेद कइसे कs सकत बाड़ें। लईका संगे बईठके पढ़ लिख नइखे सकत का? कॉलेज के प्राचार्य के लेटर वायरल हो रहल बा। लोग सोशल मीडिया पs उनका के ट्रोल कs रहल बा।

लोगन के कहनाम बा कि सिसवन ढाला के लगे इस्थित जेड ए इस्लामिया कॉलेज में प्राचार्य द्वारा एगो पत्र जारी कइल गइल बा। एमे ई कहल गइल बा कि जदि कवनो छात्र-छात्रा के एक संगे बईठे बातचीत करत, हंसी मजाक करत जदि पकड़ल गइल तs उनकर नामांकन रद्द कs दिहल जाई। एतनही ना प्राचार्य द्वारा जारी कइल गइल पत्र में धारा 29 आ 30 के हवाला देत जारी भइल पत्र में कहल गइल बा कि ई एगो अल्पसंख्यक महाविद्यालय हs एकर सारा प्रबंधन के अधिकार निकाय के निहित बा।

बैड एलिमेंट्स के रोके खातिर जारी कइल गइल पत्र

ममिला में जेड ए इस्लामिया कॉलेज के प्राचार्य कहलें कि कुछ बैड एलिमेंट्स बा जे कॉलेज परिसर में चले आवेला। एमे कुछ लईकियनो के गलती बा जवन उनकरा सहजोग करत बातचीत आ हंसी मजाक करेला लो। जवना के रोके खातिर एह तरे के पत्र जारी कइल गइल बा। एमे जवन दु धारा 29 आ 30 के बात कइल गइल बा। ऊ मिस्टेक से गलती से जल्दबाजी में हो गइल बा। खाली छात्र-छात्रा लोगन के डरावे खातिर पत्र जारी कइल गइल बा। एने, लोगन के कहनाम बा कि का अल्पसंख्यक के नाम पs एह तरे के पत्र जारी कs के आ पत्र में अल्पसंख्यक शब्द के इस्तेमाल कs के ई इस्लामिया पीजी कॉलेज का जतावल चाहत बा। कॉलेज प्रबंधन के एकर जवाब देवे के चाहीं।

कुछ दिन पहिले लईका के मारपीट के वीडियो भइल रहे वायरल

बता दीं कि सीवान शहर के सिसवन डाला इस्थित जेड ए इस्लामिया पीजी कॉलेज के बाहर कुछ लईकियन के बीच मारपीट के वीडियो वायरल भइल रहे। कहल गइल रहे कि प्रेम प्रसंग के कारण मारपीट भइल रहे। जवन बहुते चर्चा में रहल। एमे तीन-चार लईकी मारपीट करत रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]