[the_ad_group id="30365"]

महाराष्ट्र में के बनी मुख्यमंत्री? विधानभवन में बीजेपी विधायक दल के बैठक

महाराष्ट्र
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुंबई : महाराष्ट्र के मुख्यमंत्री के बनी? एह सवाल के लेके चलत सस्पेंस आजु खतम हो सकेला. आजु भाजपा विधायिका पार्टी के बइठक हो रहल बा जवना में नेता चुनल जाई. विधायिका पार्टी के नेता के चयन केंद्रीय पर्यवेक्षक वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण अवुरी गुजरात के पूर्व मुख्यमंत्री विजय रूपाणी के मौजूदगी में होई। सीएम पद के दौड़ में देवेंद्र फडणवीस के नाम अग्रणी बा। अगर सूत्र पs विश्वास करे के बा तs फडणवीस के नाम मंजूर हो गईल बा. अब खाली विधायक के राय मांगल जाता। विधायिका दल के नेता के चुनाव के बाद महायुती नेता आज दुपहरिया साढ़े तीन बजे राज्यपाल से भेंट करीहे अवुरी सरकार बनावे के दावा पेश करीहे। एकरा बाद ऐतिहासिक शपथ ग्रहण समारोह काल्ह मुंबई के आजाद मैदान में होई।

बैठक में भाजपा के सभ 132 विधायक मौजूद

भाजपा विधानमंडल पार्टी के बइठक खातिर सगरी 132 विधायक विधान भवन चहुँप गइल बाड़े. देवेंद्र फडणवीस के साथे केंद्रीय पर्यवेक्षक निर्मला सीतारमण आ विजय रूपाणी भी मौजूद बाड़े।

कैबिनेट में अजित पवार के एनसीपी से संभावित चेहरा
अजित पवार – उपमुख्यमंत्री
छगन भुजबल
दिलीप वलसे पाटिल
हसन मुशरीफ़
धनंजय मुंडे
अदिति तटकरे
धर्मराव बाबा आत्राम
संजय बनसोडे

कैबिनेट में शिंदे शिवसेना से संभावित चेहरा
एकनाथ शिंदे – उपमुख्यमंत्री
उदय सामंत
शंभुराजे देसाई
दीपक केसरकर
भारत ग़ोगावले
दादा भूसे
गुलाबराव पाटिल
मंजुला गावीत
संजय राठौड़
संजय शिरसाट

कैबिनेट में भाजपा के संभावित चेहरा
देवेंद्र फडणवीस – मुख्यमंत्री
चंद्रशेखर बावनकुले
गिरीश महाजन
राधाकृष्ण विखे पाटिल
सुधीर मुनगंटीवार
रवींद्र चव्हाण
नीतेश राणे
शिवेंद्र राजे भोंसले
जयकुमार गोरे
जयकुमार रावल
गोपीचंद पडलकर
अशोक उइके
पंकजा मुंडे
चंद्रकांत पाटिल
मोनिका राजले
विद्या ठाकुर / संजय उपाध्याय ।
स्नेहल दुबे-उत्तर भारतीय चेहरा

इहो पढ़ीं: Easy recipe: सफेद मक्खन घरे कइसे बनाई, जानीं आसान तरीका

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]