[the_ad_group id="30365"]

नेपाल में मौसम के कहर: भूस्खलन से दुगो बस त्रिशूली नदी में बहल, 63 लोग लापता; काठमांडू से कइयन गो उड़ान रद्द

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाल में खराब मौसम लोगन खातिर आफत बनल बा। बतावल जा रहल बा कि आज माने सुक के सबेरे बीच नेपाल में मदन-आश्रित राजमार्ग पs भूस्खलन के वजह से लगभग 63 यात्रियन के ले जा रहल दुगो बस त्रिशूली नदी में बह गइल बा। सभे लापता बतावल जा रहल बा।

चितवन के मुख्य जिला अधिकारी इंद्रदेव यादव बतवलें कि प्रारंभिक जानकारी के मोताबिक दुनो बसन में चालकन सहित कुल 63 लोग सवार रहे। हादसा सबेरे करीब 3:30 बजे भइल। हम घटनास्थल पs बा आ तलाशी अभियान चल रहल बा। लगातार बरखा के कारण लापता बसन के तलाश में हमनी दिक्कत आ रहल बा। एह बीच मौसम खराब रहला के कारण काठमांडू से भरतपुर, चितवन तक के सब उड़ान आज खातिर रद्द कs दिहल गइल बा।

खराब मौसम के कारण राहत-बचाव में अड़चन

जिलाधिकारी बतवलें कि स्थानीय प्रशासन आ राहत-बचाव कर्मी घटनास्थल पs बा लो आ तलाशी अभियान चल रहल बा। लगातार बरखा के कारण लापता बसन के तलाश में कइयन गो चुनौतियन के सामना करे के पड़ रहल बा।

एह बीच नेपाल के प्रधानमंत्री पुष्प कमल दहल ट्वीट कइलें कि नारायणगढ़-मुग्लिन सड़क खंड पs भूस्खलन में बस के बह गइला से लगभग पांच दर्जन यात्रियन के लापता होखे के रिपोर्ट आ देस के अलग-अलग हिस्सन में बाढ़ आ भूस्खलन के कारण संपत्तियन के नुकसान से हम बहुत दुखी बानी। हम गृह प्रशासन सहित सरकार के सब एजेंसियन के यात्रियन के खोज आ प्रभावी बचाव के निरदेस देत बानी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]