[the_ad_group id="30365"]

नेपाल में काहे शुरू भइल रहे व्यापक हिंसा, सेना उतारले के बावजूद चिंताजनक बा हालात, 100 से ज्यादा गिरफ्तारी

नेपाल में काहे शुरू भइल रहे व्यापक हिंसा
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाल में हिंसा के व्यापक दौर जारी बा। सड़क पs सेना के तैनाती के बावजूद प्रदर्शनकारी हिंसक हो गईल बाड़े। अबे ले पुलिस अवुरी प्रदर्शनकारी के बीच भईल झड़प में 2 लोग के मउत हो चुकल बा। एकरा बाद 100 लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। अब हिंसा में आंशिक कमी आइल लउकत बा. एकरा के देखत काठमांडू के पूर्वी भाग में सुरक्षा बल अवुरी राजतंत्र समर्थक प्रदर्शनकारी के बीच भईल हिंसक झड़प के बाद शनिचर के नेपाल अधिकारी काठमांडू में तनाव कम होखला के बाद लगावल कर्फ्यू हटा देले।

बता दीं कि काठमांडू के कुछ हिस्सा में बियफे का दिने राजतंत्र समर्थक प्रदर्शनकारी पत्थरबाजी कइल, राजनीतिक दल के कार्यालय पs हमला कइल, कई गो गाड़ियन में आग लगा दिहल आ दुकानन के लूटपाट कइल. सुरक्षाकर्मी अवुरी राजतंत्र समर्थक प्रदर्शनकारी के बीच भईल झड़प में टीवी कैमरामैन समेत दु लोग के मउत हो गईल बा। बाद में हालात पs काबू पावे खातिर सेना बोलावल गइल. काठमांडू जिला प्रशासनिक कार्यालय के ओर से जारी सूचना के मुताबिक शुक के सांझ के ४.२५ बजे से लगावल निषेधाज्ञा शनिचर के सबेरे ७ बजे से हटावल गईल बा।

नेपाल में काहे हिंसा हो रहल बा प्रदर्शनकारी राजतंत्र आ हिन्दू राष्ट्र के बहाल करे के मांग करत रहले। विरोध संयोजक दुर्गा प्रसाई सुरक्षा बैरिकेड तूड़ के बुलेटप्रूफ गाड़ी से बनेश्वर के ओर बढ़ला के बाद विरोध हिंसक हो गईल। संसद भवन बनेश्वर में स्थित बा। गिरफ्तार भईल लोग में राष्ट्रीय प्रजातंत्र पार्टी के महासचिव धवल शमशेर राणा अवुरी पार्टी के केंद्रीय सदस्य रविंद्र मिश्रा शामिल बाड़े। काठमांडू जिला प्रहरी रेंज के पुलिस अधीक्षक अपिल बोहरा बतवले कि शुक्रवार के भईल हिंसक विरोध प्रदर्शन के पीछे मुख्य व्यक्ति प्रसाई अभी तक फरार बाड़े। पुलिस के कहल बा कि बियफे के दिने भइल एह घटना में 53 गो पुलिसकर्मी, 22 गो सशस्त्र पुलिस बल के जवान आ 35 गो प्रदर्शनकारी घवाहिल हो गइल बाड़े.

राजा ज्ञानेन्द्र शाह के अपील के बाद इs हंगामा शुरू भईल

जब से पूर्व राजा लोकतंत्र दिवस (19 फरवरी) पs प्रसारित अपना वीडियो संदेश में समर्थन के गोहार लगवले तब से राजतंत्र के समर्थक राजतंत्र के बहाल करे के मांग करत रहले। राजतंत्र समर्थक कार्यकर्ता भी 9 मार्च के पूर्व राजा ज्ञानेन्द्र शाह के समर्थन में रैली कईले रहले, जब उs देश के अलग-अलग हिस्सा के धार्मिक स्थल के दौरा कईला के बाद पोखरा से त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs उतरले रहले।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]