[the_ad_group id="30365"]

2025 से सरकारी संस्थानन में होई NEET-UG परीक्षा, कइयन गो बड़ बदलाव करे जा रहल बिया NTA

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नीट-यूजी में गड़बड़ी के आरोप में घिरल नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) अब बड़ डेग उठावे जा रहल बिया। अगिला साल माने 2025 से नीट यूजी के आयोजन खाली सरकारी संस्थान पs कइल जाई। ओहिजा, प्रश्नपत्रन के सुरक्षो चाक चौबंद कइल जाई। परीक्षा केंद्रन के निगरानी सीटीटीवी कैमरन से कइल जाई। एह सबके अलावा परीक्षा में लागल शिक्षकन के काउंसलिंगो कइल जाई।

एनटीए नीट यूजी 2025 में केंद्र चयन के तरीका बदली। अब खाली सरकारी संस्थानन में परीक्षा केंद्र होई। केंद्रन पs सीसीटीवी से निगरानी आ पहचान प्रक्रिया खातिर नया टेक्नोलॉजी के इस्तेमाल कइल जाई। केंद्रन तक प्रश्नपत्र पहुंचावे के दौरान सुरक्षा बेवस्था के सख्त कइल जाई। शिकायन के जांच आ निपटावे खातिर अलग से पोर्टल विकसित कइल जाई। साइबर सुरक्षा के तइयारियो होई।

शिक्षकन के होई काउंसलिंग

एनटीए अभ्यर्थियन, परीक्षा केंद्र के कर्मी आ शिक्षकन के काउंसलिंग कराई। संगही अभ्यर्थियन के जागरूक करे खातिर अभियान चलाई। एनटीए बताई कि परीक्षा में गड़बड़ी करे वाला पs कड़ा नजर बा।

उमंग आ डिजिलाकर से डाउनलोड कइल जा सकी नीट यूजी के ओएमआर सीट

अब उमंग आ डिजिलाकर प्लेटफार्म से अभ्यर्थी नीट यूजी के ओएमआर शीट के डाउनलोड कs सकी लो। एकरा खातिर नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) उम्मीदवारन के डाटा उमंग आ डिजिलाकर प्लेटफार्म पs अपलोड करे के निर्णय कइले बा। ई निर्णय एजेंसी नीट ओएमआर उत्तर पुस्तिकन के बारे में कइयन गो शिकायत मिलला के बाद लेले बा।

एह नंबरन पs करीं संपर्क

जवन उम्मीदवा नीट यूजी खातिर रजिस्ट्रेशन कइले रहे लो, ऊ अब उमंग आ डिजिलाकर प्लेटफार्म पs पुष्टिकरण पृष्ठ, स्कोर कार्ड आ ओएमआर उत्तर पुस्तिका के स्कैन कइल गइल तस्वीरन के डाउनलोड कs सकी लो। एनटीए के नोटिस में कहल गइल बा कि एह पहल के उद्देश्य आवश्यक परीक्षा दस्तावेजन तक आसान आ त्वरित पहुंच के सुविधा प्रदान करे के बा। जदि उम्मीदवार के समस्या होत बा तs ऊ 011- 40759000/011-69227700 पs संपर्क कs सकत बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]