[the_ad_group id="30365"]

NEET UG 2024: केंद्रीय संस्थानन आ AIQ सीटन खातिर Counselling 14 अगस्त से होई शुरू, MCC जारी कइलस कार्यक्रम

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

NEET UG 2024: केंद्रीय संस्थानन आ AIQ सीटन खातिर मेडिकल (MBBS), डेंटल (BDS) आ नर्सिंग स्नातक (BSc Nursing) दाखिला खातिर काउंसलिंग के प्रक्रिया शुरू होखे के इंतजार कs रहल NTA के ओर  से NEET UG 2024 में सफल घोषित लाखन उम्मीदवारन खातिर बड़ खबर बा। केंद्रीय स्वास्थ्य मंत्रालय के चिकित्सा परामर्श समिति (MCC) देस भर के केंद्रीय विश्वविद्यालयन आ केंद्रीय वित्त प्राप्त चिकित्सा शिक्षा संस्थानन आउर अलग-अलग राज्यन के मेडिकल कॉलेजन के 15 फीसदी ऑल इंडिया कोटा (AIQ) सीटन पs दाखिला खातिर आयोजित कइल जाये वाला काउंसलिंग के कार्यक्रम जारी कs के देले बा। समिति के ओर से सोमार, 29 जुलाई के जारी कार्यक्रम के मोताबिक एह बार के काउंसलिंग कुल चार चरणन में आयोजित होई आ पूरी प्रक्रिया 14 अगस्त से 30 अक्टूबर तक चली।

NEET UG Counselling 2024 Schedule: पहले चरण के लिए पंजीकरण 14 अगस्त से

MCC के ओर से जारी NEET UG 2024 काउंसलिंग के कार्यक्रम के मोताबिक पहिला चरण के काउंसलिंग खातिर पंजीकरण 14 अगस्त से कइल जा सकी आ आखिरी तारीख 21 अगस्त (दुपहरिया 12 बजे तक) निर्धारित बा। उम्मीदवार पंजीकरण शुल्क के भुगतान 21 अगस्त के दुपहरिया तीन बजे तक कs सकी को। हालांकि, उम्मीदवारन के अपना पसंद के सीट खातिर च्वाइस फीलिंग आ लॉकिंग 16 अगस्त से 20 अगस्त (रात 11:55 बजे) तक करे के होई। एकरा बाद पहिला चरण खातिर MCC के ओर से सीट अलॉटमेंट प्रॉसेस 21 से 22 अगस्त तक पूरा कइला के बाद नतीजा 23 अगस्त के घोषित कs दिहल जाई।

जवन उम्मीदवारन के NEET UG 2024 राउंड 1 काउंसलिंग में सीटन के आवंटन MCC के ओर से कइल जाई, ओह लोगन के संबंधित संस्थान में 24 से 29 अगस्त के बीच रिपोर्ट करे के होई आ संस्थान 30 आउर 31 अगस्त तक उम्मीदवार के MCC के ओर से साझा कइल गइल डिटेल के वेरिफाई कs सकी लो।

NEET UG Counselling 2024 Schedule: दूसरका चरण खातिर पंजीकरण पांच सितंबर से

पहिला चरण के काउंसलिंग के बाद बचल रह गइल सीटन खातिर MCC के ओर से फेर से पंजीकरण आमंत्रित कइल जाई, जवना के सुरूआत पांच सितंबर से होई। उम्मीदवारन के 10 सितंबर तक पंजीकरण आ च्वाइस फिलिंग आउर लॉकिंग करे के होई। राउंड दु के नतीजा 13 सितंबर के आई आ उम्मीदवारन के 14 से 20 सितंबर तक कॉलेज में रिपोर्ट करे के होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]