NEET UG Counselling 2024: नीट यूजी काउंसलिंग 2024 राउंड-1 के सीट आवंटन आज

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 23, 2024

NEET UG Counselling 2024: मेडिकल काउंसलिंग कमेटी के ओर से नीट यूजी काउंसलिंग के पहिला चरण में  भइल सीट आवंटन के परिणाम आज जारी कइल जाई। एमबीबीएस, बीडीएस, बीएससी नर्सिंग कोर्स में दाखिला खातिर सीट

Share

NEET UG Counselling 2024: मेडिकल काउंसलिंग कमेटी के ओर से नीट यूजी काउंसलिंग के पहिला चरण में  भइल सीट आवंटन के परिणाम आज जारी कइल जाई। एमबीबीएस, बीडीएस, बीएससी नर्सिंग कोर्स में दाखिला खातिर सीट लॉकिंग प्रक्रिया 21 अगस्त के बंद हो चुकल बा। एमसीसी च्वाइस फिलिंग आ सीट लॉकिंग के अंतिम तिथि 20 अगस्त से बढ़ाके 21 अगस्त कइल गइल रहे। पहिला चरण के सीट आवंटन के परिणाम आज जारी कइल जाई। ओहिजा, 24 अगस्त से 29 अगस्त के बीच अभ्यर्थियन के ओह कॉलेजन में रिपोर्ट करे के होई, जहां के सीट ओह लोगन के आवंटित कइल गइल बा। 30 अगस्त आ 31 अगस्त के उम्मीदवारन के डेटा वेरिफिकेशन कइल जाई।

एमसीसी काउंसलिंग से सरकारी कॉलेजन में ऑल इंडिया कोटा के 15 फीसदी सीटन आ डीम्ड, केंद्रीय विश्वविद्यालय, ईएसआईसी, एएफएमएस संस्थानन, एम्स, जिपमर के 100 फीसदी सीटन पs दाखिला मिली। ओहिजा, 85 फीसदी सीट स्टेट लेवल काउसंलिंग के माध्यम से भरल जाये के बा। बता दीं कि काउंसलिंग प्रक्रिया 710 मेडिकल कॉलेजन के 1.10 लाख एमबीबीएस सीट आ बीडीएस के 7,868 सीट खातिर हो रहल बा। एकरा अलावे 1000 बीएससी नर्सिंग के सीटन पs दाखिला मिली। देस के आयुष आ पशु चिकित्सा कार्यक्रमन में कइयन सीट आवंटित कइल जाई।

जरूरी दस्तावेज

  • नीट यूजी प्रवेश पत्र, रैंक लैटर या स्कोरबोर्ड
  • पहचान प्रमाण
  • कक्षा 10 और 12 के प्रमाण पत्र और अंकतालिका
  • अनंतिम आवंटन पत्र
  • जाति प्रमाण पत्र भा विकलांग प्रमाण पत्र

5 सितंबर से सुरू होई दूसरका चरण के काउंसलिंग

दूसरका चरण के काउंसलिंग प्रक्रिया पांच सितंबर से 10 सितंबर के बीच करावल जाई। ओहिजा, दूसरका चरण के सीट आवंटन 11-12 सितंबर के होई। बता दीं कि नीट के काउंसलिंग के कुल चार चरण होई। दाखिला प्रक्रिया 30 अक्तूबर तक पूरा कइल जाई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.