[the_ad_group id="30365"]

NEET-UG 2023 Result: आज जारी होई नीट-यूजी के परिणाम, एनटीए काउंसलिंग ले लेके देलस ई जानकारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेडिकल स्नातक दाखिला के परीक्षा नीट-यूजी 2023 के रिजल्ट आज दुपहरिया बाद जारी होई। नेशनल टेस्टिंग एजेंसी (NTA) के वरिष्ठ अधिकारी ई जानकारी देत बतवलें कि एजेंसी परीक्षा के मूल्यांकन सूची तइयार कs के स्वास्थ्य मंत्रालय के दे दी। एही आधार पs आगे मेडिकल कॉलेज में स्नातक दाखिला के काउंसलिंग सुरू कइल जाई। देसभर में करीब एक लाख से बेसी मेडिकल सीट बा।

एनटीए सोमार के मणिपुर के उम्मीदवारन खातिर नीट-यूजी परीक्षा के प्रोविजनल आंसर के जारी कइले रहे। अभ्यर्थी 200 रुपिया प्रति चैलेंज शुल्क के भुगतान कs के सोमार, 12 जून के सांझ चार बजे तक आपत्ति दर्ज करा सकत बा लो। एनटीए कहले रहे कि शुल्क प्राप्त कइले बिना कवनो चुनौती पs विचार ना कइल जाई।

एनटीए स्नातक मेडिकल दाखिलन खातिर सात माई, 2023 के नीट यूजी परीक्षा आयोजित कइले रहे, जेमे 20 लाख से जादे छात्र भाग लेले रहे लो। एनटीए के ओर से नेशनल एलिजिबिलिटी कम एंट्रेंस टेस्ट के अंतरिम आंसर के पहिलही जारी कs दिहल गइल बा। एह पs आपत्तियन के उठावे के विंडो छव जून के बंद कs दिहल गइल रहे।

परिणाम के घोषणा के बाद परीक्षा में भाग लेवे वाला उम्मीदवार आपन स्कोर neet.nta.nic.in पs देख सकी लो। नीट परिणाम के संगे, एनटीए अखिल भारतीय टॉपर्स के नाम आ श्रेणी-वार कट-ऑफ अंक आउर पर्सेंटाइल रैंक के घोषणा करी। एनटीए स्कोरकार्ड पs विषयवार अंक, अखिल भारतीय रैंक आ आउर जानकारी के उल्लेख करी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]