NEET Scam: नीट परीक्षा में भइल धांधली के लेके कांग्रेस के हल्लाबोल, भाजपा कार्यालय पऽ लगा देलस ताला

By Anurag Ranjan

Published on: Jun 23, 2024

नीट परीक्षा (NEET Scam) में भइल गड़बड़ी के लेके पूरा देश में प्रदर्शन हो रहल बा। विपक्षो सरकार पs लगातार हमला कर रहल बिया। अंबाला जिला में कांग्रेस के कार्यकर्ता लो नीट परीक्षा में भइल

Share

नीट परीक्षा (NEET Scam) में भइल गड़बड़ी के लेके पूरा देश में प्रदर्शन हो रहल बा। विपक्षो सरकार पs लगातार हमला कर रहल बिया। अंबाला जिला में कांग्रेस के कार्यकर्ता लो नीट परीक्षा में भइल धांधली के लेके भाजपा कार्यालय के बाहर विरोध प्रदर्शन कइलस। कांग्रेस कार्यकर्ता लो भाजपा के ऑफिस में ताला लागा देलस। एही दौरान उनकर पुलिस के साथे धक्का मुक्कीयो भइल। एह दौरान एआइसीसी सचिव चेतन चौहान के अगुवाई में सेक्टर-10 गुरुद्वारा से भाजपा कार्यालय तक प्रदर्शन करे पहुंले। जहवां भाजपा के खिलाफ जमके नारेबाजी कइलें।

भाजपा जिला कार्यालय पऽ लगा देलें ताला

एह दौरान पुलिस बेरिकेड्स लगवले रहे बाकिर चेतन चौहान साथियन के साथ पार कऽ के गेट ले पहुंचलें। जहां पुलिस के साथे धक्का मुक्कीयो भइल आ उऽ गेट के ताला लगा देलन।

हालांकि अब प्रदर्शनकारी ताला लगाके वापसी मूडल रहले, ओकरा दु मिनट बादे ताला के तुड़ दिहल गइल। अखिल भारतीय कांग्रेस कमेटी के सचिव चेतन चौहान शहर के सेक्टर 10 गुरुद्वारा चौक से पैदल मार्च करत प्रदर्शन के अगुवाई कइलें।

भाजपा सरकार पऽ जमके बोललें हमला

अखिल भारतीय कांग्रेस कमेटी के सचिव चेतन चौहान कहलें कि जब भाजपा सरकार देश के शिक्षा व्यवस्था नइखे चला सकत तऽ ओकरा भाजपा कार्यालयो ना चलावे के चाहीं। एकरे विरोध में अंबाला भाजपा के जिला कार्यालय के गेट पs प्रदर्शनकारियन ताला लगा देलन।

जहां जहां भाजपा सरकार बा उहाँ  उहाँ पेपर लीक हो रहल बा, जवना के देखकर ई समझ नइखे आवत कि भारतीय जनता पार्टी शासित राज्यन में सरकारन के राज बा की शिक्षा माफियन के। युवा अपना भविष्य के असुरक्षित महसूस कर रहल बाड़े काहेकि ओमें एह बात के डर बइठ गइल बा कि जब उऽ एक साल के तैयारी के बाद परीक्षा देवे जइहें तऽ पेपर होईबो करी की ना।

प्रदर्शन में कांग्रेस कार्यकर्ता के अलावा युवो शामिल भइलें। मौका पs मुकेश शर्मा, रविंदर प्रजापत, बंटी धीमान, रघुवीर सिंह, गोल्डी नागपाल, दरबार सिंह लोटा मौजूद रहलें।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.