[the_ad_group id="30365"]

NEET PG 2024: नीट पीजी एग्जाम में फेर लागल सेंध? सामने आइल ‘गोपनीय लेटर’, जानी एमें का लिखल बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कई बेर स्थगित होखला के बाद आखिरकार नीट पीजी परीक्षा के तारीख 11 अगस्त 2024 एतवार के तय हो गइल। बाकिर एक बेर फेरु हालात ठीक नइखे लउकत। नीट पीजी परीक्षा से पहिले एगो गोपनीय चिट्ठी सामने आइल बा। ऑल एफएमजी एसोसिएशन (AFA) नीट पीजी लेटर के फोटो अपना ट्विटर हैंडल पs पोस्ट कइलस।

एकरा के साझा करत AFA लिखले बा कि – ‘लागता कि एनबीईएमएस के एगो गोपनीय चिट्ठी लीक हो गइल बा।’ एमें परीक्षा पाली, विद्यार्थियन के संख्या के जानकारी दिहल गइल बा। जदि अइसन गोपनीय चिट्ठी लीक हो सकेला तऽ का हमनीं के नीट पीजी पेपर के सुरक्षा पs भरोसा कऽ सकीलें?

नीट पीजी : चिट्ठी में का लिखल बा?

कहल जा रहल बा कि ई चिट्ठी नीट पीजी परीक्षा करावे वाला नेशनल बोर्ड आफ एग्जामिनेशन इन मेडिकल साइंसेज (एनबीईएमएस) से जारी कइल गइल बा। एएफए के साझा चिट्ठी पs’गोपनीय’ चिन्हित बा आ एकरा पs एनबीईएमएस के अध्यक्ष डॉ अभिजीत शेठ के हस्ताक्षर बा। 1 अगस्त 2024 के एह चिट्ठी में परीक्षा के सुचारू रूप से संचालन खातिर जिला प्रशासन आ अधिकारी से मदद मांगल गइल बा।

एह नीट पीजी पत्र के मुताबिक परीक्षा दु पाली में होई। सबेरे के पाली सबेरे 9 बजे से 12:30 बजे तक आ शाम के पाली दुपहरिया 3:30 बजे से शाम 7 बजे तक होई। अभ्यर्थियन के प्रवेश पहिला पाली खातिर सबेरे सात बजे से आ दुसरका पाली खातिर दुपहरिया १:३० बजे से शुरू होखी।

चिट्ठी में आगे कहल गईल बा कि इ परीक्षा सीबीटी (कंप्यूटर बेस्ड टेस्ट) मोड में होई, जवना में आईटी के भारी बुनियादी ढांचा के जरूरत होई। 169 शहर के 376 नीट पीजी परीक्षा केंद्र में 2,28,542 परीक्षार्थी के परीक्षा होई।

ध्यान देवे वाला बात बा कि एकरा से पहिले नीट पीजी 2024 के परीक्षा 23 जून के होखे वाला रहे। बाकिर नीट यूजी, यूजीसी नेट परीक्षा के पेपर लीक विवाद के बीच एकरा के टार दिहल गइल। अब फेरु एएफए के गोपनीय चिट्ठी लीक होखे के खबर से 11 अगस्त के नीट पीजी परीक्षा से ठीक पहिले गंभीर चिंता पैदा हो गइल बा। खास कर के एहसे कि एनबीईएमएस अबहीं ले अपना आधिकारिक वेबसाइट natboard.edu.in पर आवे वाला परीक्षा के बारे में कवनो अतिरिक्त जानकारी नइखे जारी कइले।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]