[the_ad_group id="30365"]

नीरज चोपड़ा के दोहा डायमंड लीग में सिल्वर मेडल : जैकब वादलेच से 0.02 मीटर पीछे रहल बेस्ट थ्रो

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दोहा डायमंड लीग में नीरज चोपड़ा सिल्वर मेडल जीत लेलें बाड़ें। ऊ आपन खिताब के बचाव ना कs सकलें। ऊ छव राउंड के बाद 88.36 मीटर के बेस्ट थ्रो फेंकलें, जवन उनका आखिरी प्रयास में आइल। चेक रिपब्लिक के जैकब वादलेच पहिला नंबर पs रहलें। ऊ तीसरका अटैम्प्ट में 88.38 मीटर के बेस्ट थ्रो फेंकलें।

दोहा डायमंड लीग कतर के स्पोर्ट्स क्लब में भइल, नीरज अपना सीजन के सुरुआत दोहा से कइलें। ऊ पिछला सीजन दोहा में गोल्ड मेडल जीतले रह। भारत के दूसरका जैवलिन थ्रोअर किशोर जेना 10 एथलीट्स में 9वां नंबर पs रहलें। ऊ अपना तीसरका अटैम्प्ट में 76.31 मीटर के बेस्ट थ्रो फेंकलें।

नीरज के पहिला थ्रो रहल फाउल

नीरज चोपड़ा के पहिला थ्रो फाउल रहल रहे। ऊ दूसरका अटैम्प्ट में 84.93, तीसरका अटैम्प्ट में 86.24, चउथा अटैम्प्ट में 86.18, पांचवां अटैम्प्ट में 82.28 आ आखिरी अटैम्प्ट में 88.36 मीटर लमहर थ्रो फेंकलें।

गोल्ड मेडल जीते वाला जैकब के पांचवां आ छठा अटैम्प्ट फाउल रहल रहे। ऊ पहिला अटैम्प्ट में 85.87, दूसरका अटैम्प्ट में 86.93, तीसरका अटैम्प्ट में 88.38 आ चउथा अटैम्प्ट में 84.04 मीटर लमहर थ्रो फेंकलें। ऊ तीसरका अटैम्प्ट में बेस्ट थ्रो फेंकलें, जवन नीरज के बेस्ट थ्रो से बेहतर साबित भइल।

तीसरका नंबर पs रहलें पीटर्स एंडरसन

ग्रेनेडा के पीटर्स एंडरसन तीसरका, फिनलैंड के हेलैंडर ओलिवर चउथा आ मोल्डोवा के मारडेयर एंड्रियन पांचवां नंबर पs रहलें। एंडरसन के बेस्ट थ्रो 86.62, ओलिवर के 83.99 आ एंड्रियन के 81.33 मीटर के रहल।

जेना 3 अटैम्प्ट के बाद रेस से बाहर भइलें

भारत के किशोर जेना 3 अटैम्प्ट के बाद 9वां नंबर पs रह सकलें, जवना कारण उनका आखिरी 3 अटैम्प्ट ना मिलल। जेना पहिला अटैम्प्ट में 75.72 आ तीसरका अटैम्प्ट में 76.31 मीटर लमहर थ्रो फेंकलें। उनकर दूसरा अटैम्प्ट फाउल रहल रहे। 10वां नंबर पs अमेरिका के थॉम्पसन कर्टिस रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]