[the_ad_group id="30365"]

नवादा में गरजिहें शाह: केंद्रीय गृह मंत्री खातिर मंच सजल, सम्राट चौधरी दिखइहें दमखम; चप्पा-चप्पा पs पुलिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

केंद्रीय गृह आ सहकारिता मंत्री अमित शाह के कार्यक्रम के लेके हिसुआ तइयार बा। अतवार के दुपहरिया 2 बजे इंटर विद्यालय हिसुआ के मैदान में शाह आमसभा के संबोधित करिहें। उनका आगमन आ सुरक्षा के लेले हर तरह के तइयारी कइल गइल बा। इंटर विद्यालय के मैदान में आयोजित होखे वाला आम सभा के लेके मंच आ दर्शक दीर्घा पूरा तरे से सज चुकल बा।

हिसुआ में अमित शाह के हेलीपैड से लेके कार्यक्रम स्थल तक पहुंचे वाला पूरा मार्ग में सुरक्षा के चाक-चौबंद बेवस्था कइल गइल बा। जिला के कोना- कोना से भाजपाइयन के पहुंचे के सिलसिला सुरू हो गइल बा। नवादा समेत गया, नालंदा, शेखपुरा जिला से बड़ संख्या में भाजपा नेता आ कार्यकर्ता लोगन के संगही आम जनमानस सभा में पहुंची। एकरा खातिर पिछला एक पखवाड़ा से तमाम भाजपा के नेता गांव-गांव जाके लोगन के आमंत्रण दे रहल बा लो।

अमित शाह के संगे रही लो कइयन गो कैबिनेट मंत्री

गृह मंत्री अमित शाह के हेलीकाप्टर के संगही भाजपा के चार आउर दिग्गज नेता आई लो। उनका संगे ग्रामीण विकास आ पंचायती राज मंत्री गिरिराज सिंह, केंद्रीय गृह राज्य मंत्री नित्यानंद राय, बिहार में प्रतिपक्ष के नेता विजय कुमार सिन्हा आ भाजपा प्रदेश अध्यक्ष सम्राट चौधरी रहिहें।

पोस्टर आ तोरण द्वार से सजल हिसुआ

अमित शाह के आगमन के लेके उनका स्वागत में पूरा शहर के पोस्टर से सजा दिहल गइल बा। अलग-अलग जगहन पs दर्जनन तोरण द्वार बनावल गइल बा। भाजपा के कार्यकर्ता आ स्थानीय नेता लोगन के द्वारा स्वागत संदेश लिखल कइयन गो तोरण द्वार बनावल गइल बा। राजगीर रोड से लेके इंटर विद्यालय हिसुआ तक दर्जनन तोरण द्वार बनल बा। एकरा अलावे नवादा रोड आ गया रोड में कइयन गो तोरण द्वार बनावल गइल बा।

यातायात व्यवस्था दुरुस्त रखला पs जोर

अतवार के अमित शाह के कार्यक्रम के लेके हिसुआ के यातायात बेवस्था दुरुस्त रखे पs जोर दिहल गइल बा। सबेरे 10:00 बजे से लेके सांझ 5:00 बजे तक दैनिक यात्री गाड़ियन के रस्ता बदलके चले के आदेस दिहल गइल बा। दैनिक यात्री गाड़ी के हिसुआ नगर से बाहरे चले के कहल गइल बा। पुलिस के जवान चप्पा-चप्पा में तैनात बा लो।

तीन अलग-अलग जगहन पs पार्किंग के बेवस्था

कार्यक्रम में सामिल होखे खातिर हिसुआ पहुंचल भाजपा कार्यकर्ता आ नेता लोगन खातिर अलग-अलग तीन जगहन पs पार्किंग के बेवस्था कइल गइल बा। नवादा के तरफ से आवे वाला सब गाड़ियन के पार्किंग के व्यवस्था टीएस कालेज परिसर में, गया आ नारदीगंज के तरफ से आवे वाला सब गाड़ियन के पार्किंग खातिर बिजली आफिस के सामने खाली जमीन में आ नरहट के तरफ से आवे वाला सब गाड़ियन के पार्किंग खातिर नौआबागी आ स्टेशन रोड में खाली स्थानन पs कइल गइल बा।

पार्टी नेता आ कार्यकर्ता लोगन के संगे बैठक अमित शाह

अपना संबोधन के बाद हिसुआ में पार्टी के नेता लोगन आ कार्यकर्ता लोगन के संगे एगो बैठको करिहें। सासाराम में होखे वाला सभा के रद्द कs देला के बाद हिसुआ में समय के मोताबिक कार्यक्रम होखे के उम्मीद बा। पार्टी के तमाम नेता आ कार्यकर्ता लोगन के संगही आम जिलेवासियन में अमित शाह के सुने आ उनका के एक नजर देखे के लेके बहुते उत्सुकता बा। भाजपा के कहनाम बा कि हिसुआ में शाह के सभा एतिहासिक होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]