राणा दंपती के सशर्त जमानत: कोर्ट कहलस- मीडिया से बातचीत ना, दोबारा अइसन विवाद ना होखे, 12 दिन से भायखला जेल में बंद रहे लो 

By Anurag Ranjan

Published on: May 4, 2022

23 अप्रिल से राजद्रोह के आरोप में भायखला जेल के सलाखन के पाछे कैद अमरावती से निर्दलीय सांसद नवनीत राणा आ उनकर विधायक पति रवि राणा के मुंबई सेशन कोर्ट जमानत दे देले बा। 30

Share

23 अप्रिल से राजद्रोह के आरोप में भायखला जेल के सलाखन के पाछे कैद अमरावती से निर्दलीय सांसद नवनीत राणा आ उनकर विधायक पति रवि राणा के मुंबई सेशन कोर्ट जमानत दे देले बा। 30 अप्रिल के अदालत ने एह ममिला में 2 मई ले आपन जजमेंट रिजर्व कs लेले रहे। अदालत सशर्त जमानत देले बा आउर कहले बा कि आवे आला समय में राणा दंपति एह तरे के कवनो आउर विवाद ना करी लो।

एकरा अलावे ऊ लोग सबूतन से छेड़छाड़ ना करी आ एह समूचा ममिला में कवनो प्रेस कॉन्फ्रेंस ना करी लो। दूनों लोग के पचास हजार के निजी मुचलका पs ई बेल दिहल गइल बा। सोमार के समे जादे हो गइला से के सिविल आउर सेशंस कोर्ट के शेष न्यायाधीश आर. एन. रोकाडे आपन ऑर्डर पूरा ना लिखवा सकल रहस।

नवनीत राणा के वकील रिजवान मर्चेंट मुंबई से बहरी गइला के कंडीशन के लेके कहले- अभी ले हमरा लगे आदेश के खाली ऑपरेटिव पोर्शन आइल बा। अमरावती जा सकी लो की ना एकरा बारे में तबे कुछ कहल जा सकी जब डिटेल ऑर्डर हमरा लगे रही।

अमरावती से निर्दलीय सांसद नवनीत राणा। (फाइल फोटो)
अमरावती से निर्दलीय सांसद नवनीत राणा। (फाइल फोटो)

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.