[the_ad_group id="30365"]

Naveen Patnaik: ‘बीजद अकेलही चुनाव लड़ी, इहे हमेसा से हमनी के योजना’, विपक्षी एकता पs सीएम पटनायक के जवाब

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक आज दिल्ली में प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से मुलाकात कइलें। ओडिशा के मुख्यमंत्री नवीन पटनायक कहलें कि हम प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी से ओडिशा के मांग के बारे में चर्चा कइनी। हम उनका से श्री जगन्नाथ अंतरराष्ट्रीय एयरपोर्ट के बारे में बात कइनी जवना के हमनी के पुरी में स्थापित कइल चाहत बानी सs। एयरपोर्ट खातिर जमीन चिन्हित कइल गइल बा। भुवनेश्वर में अभी बहुते ट्रैफिक हो रहल बा तs हमनी के उहां के विस्तार कइल चाहत बानी सs। प्रधानमंत्री मदद करे के आश्वासन देलें बाड़ें।

एह बीच ओडिशा के मुख्यमंत्री बियफे के 2024 के राष्ट्रीय चुनाव खातिर विपक्ष के संगे काम करे के संभावना के नकार देलें। ऊ एलान कइलें कि उनकर पार्टी अकेले चुनाव लड़ी। इहे हमेसा से हमनी के योजना रहल बा। पटनायक इहो कहलें कि राजधानी के एह यात्रा में उनकर कवनो आउर राजनीतिक दल से मिले के कवनो योजना नइखे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]