लालू परिवार को राहत के बीच RJD अध्यक्ष से मिलने पहुंचीं डिंपल यादव, दिल्ली में मीसा भारती के घर पर हुई मुलाकात

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 15, 2023

रेलवे में नौकरी के बदला जमीन घोटाला के ममिला में बुध के लालू यादव परिवार के बड़ राहत मिली। दिल्ली के राउज एवेन्यू कोर्ट लालू यादव, उनकर पत्नी राबड़ी यादव आ बेटी मीसा भारती के

Share

रेलवे में नौकरी के बदला जमीन घोटाला के ममिला में बुध के लालू यादव परिवार के बड़ राहत मिली। दिल्ली के राउज एवेन्यू कोर्ट लालू यादव, उनकर पत्नी राबड़ी यादव आ बेटी मीसा भारती के जमानत दे देलस। लालू परिवार के जमानत मिलला के बाद आरजेडी समर्थकन में खुशी के लहर बा। पार्टी कार्यकर्ता एक-दूसरा के मिठाई बांट रहल बा लो। ओहिजा, लालू से मिले कइयन बड़ नेता उनका लगे पहुंच रहल बा लो।

एही बीच, सपा प्रमुख अखिलेश यादव के पत्नी आ सांसद डिंपल यादव लालू से मिले पहुंचली। लालू अभी दिल्ली में अपना सांसद बेटी मीसा भारती के घर पs ठहरल बाड़ें। डिंपल बुध के दुपहरिया मीसा भारती के आवास पs पहुंचलीं। मुलाकात के दौरान डिंपल लालू यादव के हालचाल जनली।

29 मार्च के अगिला सुनवाई

ओने, रेलवे के बदला जमीन घोटाला ममिला में अगिला सुनवाई 29 मार्च के होई। बतावल जा रहल बा कि सीबीआई यादव परिवार के जमानत के विरोध नइखे कइलें। एकरा बाद दिल्ली के अदालत 50 हजार के निजी मुचलका पs सभे के जमानत दे देलस।

व्हीलचेयर पs पहुंचलें लालू

लालू यादव सुनवाई के दौरान व्हीलचेयर पs राउज एवेन्यू कोर्ट पहुंचलें। एह दौरान उनका संगे राबड़ी देवी आ बेटी मीसा भारती मवजूद रहली। सीबीआई के आरोप बा कि रेलवे में ग्रुप डी में भर्ती खातिर लालू लोगन से जमीन लेलें। सीबीआई एह ममिला में चार्जशीट दाखिल कs चुकल बिया।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.