[the_ad_group id="30365"]

राष्ट्रीय अभिनव साहित्यिक मंच गोरखपुर इकाई के ओर से,शारदा कोचिंग संस्थान में काव्य गोष्ठी के भईल आयोजन

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय अभिनव साहित्यिक मंच, गोरखपुर इकाई के तत्वावधान में शारदा कोचिंग संस्थान (कचहरी) में काव्य गोष्ठी के आयोजन भइल।जवना के अध्यक्षता मनोज शाही कइले, मुख्य अतिथि प्रो मनोज भारती आ विशेष अतिथि जितेन्द्र मिश्रा जी रहले, जे भोजपुरी, हिंदी के नयका रचनाकारन के उत्थान आ लेखन के प्रोत्साहित कइले। गोष्ठी के उद्घाटन पुष्पा गौंड जी माँ भगवती के जय जय ओ भगवती सुर भारती गीत से कइली, ओकरा बाद युवा रचनाकार शिवेन्द्र मणि त्रिपाठी के कविता पाठ कइल गइल। संचालन- सूरज राम आदित्य कइले।

प्रेमलता रसबिन्दु भोजपुरी आ हिन्दी रचना पढ़ली, अंकुर सचर के रचना समा बाँध दिहल, प्रीति दुबे भी कविता पाठ कइली, विकास श्रीवास्तव, श्वेता सिंह, उमा उपाध्याय, नीलम मिश्रा, संस्था के इकाई सचिव सुनैना गुप्ता कविता पाठ कइली। कौशल पाण्डेय “नादान” के रचना काव्य गोष्ठी में चार चाँद लगा दिहल। भोजपुरी के बड़का हस्ताक्षर मोती बी ए की पोती मिनी उपाध्याय भी मौजूद रहली। रिशुल पाण्डेय, आनन्द मिश्रा, आकाश कुमार, प्रांजल, प्रसुन भी मौजूद रहले।

संस्था के जिला अध्यक्ष डॉ. प्रीति त्रिपाठी संस्था के ऊंचाई देके गोष्ठी आ समाज में हो रहल विकृति के कविता पाठ के माध्यम से दूर करे के कोशिश कईली।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]