[the_ad_group id="30365"]

National Film Awards 2023: Pankaj Tripathi के मिलल बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर के अवॉर्ड, बाबूजी के कइले समर्पित

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

69वां राष्ट्रीय फिलिम पुरस्कार के एलान हो गइल बा। उहे बेस्ट सपोर्टिंग एक्टर के अवार्ड अभिनेता पंकज त्रिपाठी के फिलिम मिमी खातिर दिहल गइल। एह खबर के बाद कुछ खुशी उनका गाँव में लवटल। बॉलीवुड अभिनेता पंकज त्रिपाठी फिलहाल अपना पैतृक गांव गोपालगंज के बेलसंड में बाड़े। पंकज के पिता के 21 अगस्त के निधन हो गईल। जवना के बाद उ घर पहुंच के पिता के अंतिम संस्कार कईले। पंकज अपना बाबूजी के अंतिम संस्कार खातिर अपना गाँव में बाड़े।

पंकज त्रिपाठी अपना बयान में कहले कि, “दुर्भाग्य से इ हमरा खातीर नुकसान अवुरी दुख के समय बा। जदी बाबूजी आसपास रहते त उ हमरा खातीर बहुत खुश रहते। जब हमरा पहिला बेर राष्ट्रीय पुरस्कार मिलल त उनुका बहुत गर्व अवुरी बहुत उ खुश रहले। हम इ राष्ट्रीय पुरस्कार अपने पिता आ उनुका भावना के समर्पित करतानी।”

पंकज कहले कि, “आजु हम जवन भी बानी रउरा लोग के चलते बा। हमरा लगे फिलहाल शब्द नईखे, लेकिन हम खुश बानी अवुरी टीम के शुक्रगुजार बानी। ”

पंकज त्रिपाठी के माथा से उठल बाबूजी के परछाई

हाल ही में पंकज त्रिपाठी अपना पिता पंडित बनारस तिवारी के हमेशा खातिर खो देले। 98 साल के पंकज के पिता स्वास्थ्य के परेसानी से जूझत रहले। पिता के मउत के बाद पंकज पूरा तरह से टूट गईल रहले। उ अपना बाबूजी के बहुत करीबी रहले। जबो काम से खाली समय मिलत रहे त उ अपना बाबूजी से मिले खातिर अपना घरे गोपालगंज जात रहले। पिता के निधन के बाद पंकज पs दुख के पहाड़ टूट गईल।

पंकज त्रिपाठी के आजकल ओएमजी 2 के खूब सराहना मिल रहल बा। अक्षय कुमार अभिनीत फिलिम पंकज त्रिपाठी के समीक्षकन आ प्रशंसकन के तारीफ मिलल। 11 अगस्त के रिलीज भइल एह फिलिम के कमाई 100 करोड़ से अधिका बा। एह फिलिम में यामी गौतम भी एगो महत्वपूर्ण भूमिका में नजर अइले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]