[the_ad_group id="30365"]

Nargis: पद्मश्री से सम्मानित आ राज्यसभा के सदस्य बने वाली पहिली एक्ट्रेस रहली नरगिस

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

 

बॉलीवुड अभिनेत्री नरगिस दत्त के आजु कवनो पहचान के जरूरत नइखे. आजुओ लोग उनुका अभिनय के दिवाना बा, जब इंडस्ट्री के खूबसूरत अभिनेत्रियन के बात होला तs नरगिस के जरूर याद कइल जाला. ई अभिनेत्री बरसात, आवारा आ आग जइसन फिलिमन में राज कपूर के साथे हिट जोड़ी देले रहली. तs आईं अभिनेत्री के जीवन से जुड़ल कुछ रोचक कहानी।

फिल्म इंडस्ट्री में नरगिस हमेशा से अतुलनीय रहल बाड़ी. आज नरगिस के पुण्यतिथि हs। साल 1957 में फिल्म मदर इंडिया में उनकर अभिनय उनका के एगो अलगे जगहा ले गइल. दर्शकन के उनुका के परदा पs देखल बहुते नीक लागेला. नरगिस ओह घरी के अइसन अभिनेत्री रहली जे ना खाली आपन बेहतरीन अभिनय कौशल देखवली बलुक राजनीति के क्षेत्र में भी आपन योग्यता साबित कइली।

इ अभिनेत्री अपना समय के अभिनेत्री रहली, जवन राज्यसभा में चुनल गईल पहिला महिला फिल्म स्टार रहली। फिल्मी दुनिया के अलावा राजनीतिक क्षेत्र में भी उनकर एगो मजबूत फैन फॉलोइंग रहे। एतने ना, नरगिस पहिला अभिनेत्री रहली जिनका के पद्मश्री अवार्ड से सम्मानित कइल गइल. बता दीं कि नरगिस अपना मदर इंडिया के सह-अभिनेता आ अभिनेता सुनील दत्त से साल 1958 में बियाह कइले रहली आ बाद में अभिनय के दुनिया से अलविदा कहली.

नरगिस के जिनगी ढेर दिन ना चलल। 1981 में अग्नाशय के कैंसर से निधन हो गइल. उनकर निधन के एक साल बाद 1982 में सुनील दत्त उनुका याद में नरगिस दत्त मेमोरियल कैंसर फाउंडेशन के स्थापना कईले।

 

बता दीं कि 7 मई 1981 के नरगिस के बेटा के पहिला फिल्म रॉकी के प्रीमियर में उनुका खातिर एगो सीट खाली राखल गइल रहे. एतने ना, 1970 के दशक के शुरुआत में नरगिस ‘द स्पास्टिक सोसाइटी ऑफ इंडिया’ के पहिला संरक्षक बनली। संस्था के सहयोग से उs समाजसेवी के रूप में काम कईली। आज नरगिस हमनी के बीच नईखी, बाकीर उs अबो आपन फिल्म के माध्यम से अपना प्रशंसक के दिल में जिंदा बाड़ी।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]