[the_ad_group id="30365"]

जिला गाजियाबाद के बदली नाव, नगर निगम में प्रस्ताव पास, CM योगी के भेजल जाई तीन ऑप्शन

Yogi
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

उत्तर प्रदेश के फैजाबाद आ इलाहाबाद शहरन के नाम बदल दिहल गइल बा। मेरठ, हापुड़, आजमगढ़ समेत कई शहर के नाम बदले के मांग बा। एही बीच गाजियाबाद के नाम बदले के प्रस्ताव नगर निगम में पारित हो गईल बा। गाजियाबाद खातिर तीन गो नाम विकल्प राखल गइल बा।

गाजियाबाद नगर निगम के मेयर सुनीता दयाल मंगल के दिने कहली कि शहर के नाम के विकल्प के रूप में हरनंदी नगर, गजप्रस्था अवुरी दुधेश्वरनाथ नगर के राखल गईल बा। उ कहले कि इs प्रस्ताव मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ के भेजल जाई, उ एकरा पs फैसला करीहे। हालांकि नाम बदले खातीर केंद्र सरकार के मंजूरी के जरूरत होई।

गाजियाबाद के मेयर का बतवली?

जीएमसी के मेयर कहली कि, गाजियाबाद के नाम बदले के प्रस्ताव पार्षद के पूरा बहुमत से पारित भईल, एकर नाया नाम के फैसला सीएम करीहे। उ कहले कि, गाजियाबाद अवुरी हिन्दू संगठन के लोग के मांग के ध्यान में राखत इs नाम सुझावल गईल बा।

दुधेश्वरनाथ मंदिर के पुजारी का बतवले?

ओने दुधेश्वर नाथ मंदिर के मुख्य पुजारी महंत नारायण गिरी न्यूज एजेंसी पीटीआई से कहले कि उ पछिला साल मुख्यमंत्री के तीन नाम के सुझाव देले रहले। गिरी के अनुसार ई नाँव महाभारत से संबंधित बा काहें से कि वर्तमान गाजियाबाद हस्तिनापुर के हिस्सा रहल।

अकबर के करीबी दोस्त आपन नाम बदल लेले रहले

उ कहले कि इs इलाका पहिले हाथी के रहेवाला घना जंगल रहे, जवना के हिंदी में ‘गज’ कहल जाला। एही से गाजियाबाद के गजप्रस्थ कहल जात रहे। उ दावा कईले कि मुगल सम्राट अकबर के करीबी सहयोगी गाजीउद्दीन नाम बदल के गाजियाबाद कs देले बाड़े।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]