[the_ad_group id="30365"]

गाजियाबाद में तेज बरखा में पढ़ल गइल नमाज,UP में बकरीद पs 33340 मस्जिद – ईदगाह में इबादत;

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

यूपी में गुरुवार के ईद उल अजहा यानी बकरीद के त्योहार मनावल जा रहल बा। सबेरे से लोग नमाज पढ़े खातिर मस्जिद आ इदगाह पहुंच रहल बाड़े। एकरा संगे गाजियाबाद अवुरी मेरठ में भारी बरखा के बीच लोग नमाज पढ़ले। कानपुर अवुरी लखनऊ में ड्रोन के माध्यम से सुरक्षा निगरानी कईल गईल। राज्य के 33340 मस्जिद-इदगाह में इबादत चल रहल बा।

लखनऊ में गुरुवार के सबेरे 94 इदगाह अवुरी 1210 मस्जिद में नमाज पढ़ल गईल। एहमें से 64 गो बहुते संवेदनशील जगहा ह। इहाँ सुरक्षा के खास इंतजाम बा। ऐशबाग मस्जिद, टी वाली मस्जिद समेत कई जगहा पs भारी पुलिस तैनाती बा।

मौलाना राशिद फिरंगी महली कवनो निषिद्ध जगह पs बलि ना देवे के अपील कईले बाड़े। खून के नाली में ना बहाई, जमीन में गाड़ दीं। राज्य सरकार भी खुला में नमाज पढ़े पs रोक लगा देले बिया।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]