[the_ad_group id="30365"]

Kota: सादी में दाढ़ी राखके आइल दूल्हा तs 21 हजार के लागी जुर्माना

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

कोटा के में नागर धाकड समाज पंचायत के पंच पटेल एगो अनोखा फैसला लेले बाड़े, जवन चर्चा के विषय बन गईल बा। एकरा के फरमान भा समाज में व्याप्त बुराई के दूर करे के बात कह दीं, लेकिन नागर धाकड समाज के 108 गांव के नगर परिषद इs फैसला कईले बिया।

असल में 16 मई के अखिल नागर चाल धाकड़ समाज के 108 गांव के सामूहिक विवाह सम्मेलन होखे वाला बा, जवना में अयीसन फैसला भईल कि कवनो दूल्हा दाढ़ी लेके ना आ सकता, अगर दूल्हा के दाढ़ी बा तs 21 हजार रुपिया के जुर्माना लगावल जाई अवुरी पंचायत इहो तय कs सकता कि जदी दूल्हा के दाढ़ी बा तs मौका पs नाई के व्यवस्था कs दिहल जाई अवुरी दाढ़ी काट दिहल जाई।

समाज के समय पs संदेश देवे के प्रयास

रमेश नागर कहले कि, “सामूहिक विवाह सम्मेलन में गरीब परिवार से जादे लोग आवेले। अयीसन स्थिति में जवना तरह से लोग सोशल मीडिया पs देखला के बाद दाढ़ी बढ़ावतारे, उs सभ्य समाज में इs ठीक नईखे लागत। अयीसन स्थिति में 108 गाँव के लोग के पंचायत भइल जवना में सबकर सहमति से तय भइल कि 16 मई के होखे वाला सामूहिक बियाह सम्मेलन में कवनो दूल्हा दाढ़ी लेके ना आ सके, अगर उ अईले तs 21 हजार रुपिया के जुर्माना देवे के पड़ी .”

20 हजार लोग के मौजूदगी होई

रमेश नगर बतवले कि ए सम्मेलन में 20 हजार लोग मौजूद रहीहे। धाकड समुदाय के बूंदी, टौंक आ सवाई माधोपुर में 108 गो गाँव बा जवना में से कुछे के पहचान भइल बा. अबे ले 60 जोड़ा के रजिस्ट्रेशन हो चुकल बा। रजिस्ट्रेशन के आखिरी तारीख 8 मई बा, ओकरा बाद रजिस्ट्रेशन बंद हो जाई। एह कार्यक्रम में उर्जा मंत्री हीरालाल नागर भी मौजूद रहीहें।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]