[the_ad_group id="30365"]

नगालैंड में पहाड़ से गिरल पत्थरन कारन के कुचललस: 5 सेकेंड में मलबा बनल 3 गाड़ी; 2 के मौत, 3 गंभीर रूप से घायल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नगालैंड के कोहिमा-दीमापुर हाईवे पs मंगर के सांझ लैंडस्लाइड के घटना भइल। हाईवे के एक तरफ खड़ा ऊंच पहाड़न से बड़ पत्थर गिरल सुरू भइल, जेमे से दु पत्थर हाईवे पs खड़ा तीन कारन के कुचल देलस। पत्थर एतना स्पीड में गिरल कि कार पूता तरे तहस-नहस हो गइल।

दीमापुर के चुमोकेदीमा में भइल एह हादसा में दु लोगन के मौत हो गइल, जबकि तीन लोग गंभीर रूप से घायल भइल। पत्थर जवना कारन के कुचललस, ठीक उनका पीछे खड़ा कार के डैशबोर्ड कैमरा में ई समूचा घटना कैद हो गइल। वीडियो में देखल जा सकत बा कि कइसे खाली 5 सेकेंड के भीतर एक के बाद एक कs के दु गो बड़ पत्थर तीन कारन पs आके गिरल।

एगो व्यक्ति के मवका पs भइल मौत, एगो अस्पताल में दम तुड़लस 

दीमापुर के पुलिस कमिश्नर केविथुटो सोफी बतवलें कि हादसा मंगर के सांझ 5:30 बजे दीमापुर के ओल्ड चुमोकेदीमा पुलिस चेक गेट के आगे भइल। हादसा में चार वाहन क्षतिग्रस्त भइल। एगो व्यक्ति के मवके पs मौत हो गइल, जबकि तीन लोगन के रेस्क्यू कs के दीमापुर के अस्पताल भेजल गइल। इलाज के दौरान एगो व्यक्ति दम तुड़ देलस।

पुलिस कमिश्नर बतवलें कि एह हादसा के वजह से हाईवे पs लमगर समय तक ट्रैफिक जाम रहल। हादसा के जानकारी मिलला पs ट्रैफिक पुलिस के जवान मवका पs पहुंचल लो। कुछ अफसर मृतकन आ घायलन के जानकारी जुटावे खातिर अस्पताल गइल। हालांकि, अभी तक केहू के पहचान नइखे हो पाइल।

नेफ्यु रियो बोललें- हादसा वाली जगह लैंडस्लाइड खातिर जानल जाला

नगालैंड के मुख्यमंत्री नेफ्यु रियो एह घटना के लेके दुख जतवलें। ऊ ट्वीट कs के हादसा में जान गंवावे वाला लोगन के श्रद्धांजलि देलें आ कहलें कि जवना जगह ई हादसा भइल ओकरा के ‘पकाला पहाड़’ के नाम से जानल जाला। ई जगह लैंडस्लाइड आ चट्टानन के ढहे खातिर जानल जाला।

CM कहलें सरकार इमरजेंसी सेवा मुहैया करावे खातिर सारा जरूरी कदम उठा रहल बिया। मृतकन के परिवार के चार लाख रुपिया के मुआवजा दिहल जाई। घायलन के सब जरूरी मेडिकल सहायता दिहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]