[the_ad_group id="30365"]

बीजेपी के आज 12 घंटा के बंगाल बंद, मुर्शिदाबाद में भागीरथी एक्सप्रेस के डेढ़ घंटा ले रोकल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

कोलकाता में नबान्न मार्च के दौरान पुलिस के बर्बर एक्शन अवुरी छात्र के गिरफ्तारी के विरोध में भाजपा ममता सरकार के खिलाफ मोर्चा खोल देलस। आजु कोलकाता में भाजपा के नेता अलग अलग जगहा पs विरोध प्रदर्शन करीहें बाकिर ममता सरकार आ बंगाल पुलिस भाजपा के एह बंद के गैरकानूनी घोषित कs दिहले बिया.

पश्चिम बंगाल में लेडी डॉक्टर के न्याय पावे आ सीएम ममता बनर्जी के इस्तीफा के मांग करे के लड़ाई अब सड़क पs उतर गइल बा. काल्हु विद्यार्थियन के विरोध पs सीएम ममता के पुलिस के कार्रवाई के खिलाफ भाजपा आजु बंगाल बंद के एलान कइलस. भाजपा के ई बंगाल बंद सबेरे छह बजे से शुरू भइल बा आ साँझ छह बजे ले चली. आजु भाजपा के नेता कार्यकर्ता पूरा बंगाल में ममता सरकार के विरोध करीहें. भाजपा के मांग बा कि पुलिस गिरफ्तार विद्यार्थियन के बिना शर्त छोड़ देव. मंगल के भी भाजपा के नेता छात्र पs लाठीचार्ज के खिलाफ धरना पs बईठल रहले। इहाँ भी पुलिस लाठीचार्ज के सहारा लेलस अवुरी जब मजदूर बैरिकेड हटावे के कोशिश कईले तs भाजपा कार्यकर्ता पs आंसू गैस के गोला चलावल गईल। भाजपा कार्यकर्ता आ पुलिस के बीच घंटन ले टकराव जारी रहल। भाजपा अध्यक्ष जेपी नड्डा ममता सरकार के एह कार्रवाई के तानाशाही बतवले बाड़न.

बंगाल बंद के असर दिखे लागल बा। मुर्शिदाबाद में भागीरथी एक्सप्रेस के डेढ़ घंटा रुकल रहे। एकरा संगे बैरकपुर स्टेशन पs रेलवे पटरी पs लोग उतरल बाड़े।

पश्चिम बंगाल में आरजी कर मेडिकल कॉलेज में भइल बलात्कार आ हत्या के मामिला के लेके विरोध प्रदर्शन जारी बा। केंद्रीय मंत्री सुकांत मजूमदार सबेरे 11 बजे बाहुइहाटी में बंद के समर्थन में प्रदर्शन करीहे। रूपा गांगुली, लॉकेट चटर्जी, अग्निमित्रा पॉल आ राहुल सिन्हा सबेरे दस बजे से अलग अलग सेगमेंट में आपन प्रदर्शन करीहें.

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]