[the_ad_group id="30365"]

Muzaffarpur: आपराधिक घटना के अंजाम देवे जा रहल दु गो शातिर गिरफ्तार

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुजफ्फरपुर: मुजफ्फरपुर पुलिस के बड़ सफलता मिलल बा। अपराध करे जात बाइक सवार दुगो अपराधी के जिला पुलिस हथियार के हाथे पकड़ लेले बिया। जिला पुलिस दुनों बदमाश से देसी पिस्तौल आ कारतूस बरामद ककेले बिया। पुलिस गश्त के दौरान दुनों बदमाश के पकड़ लेलस। शक के आधार पऽ जब दुनो बाइक सवार युवक के तलाशी लिहल गइल तऽ ओ लोग के लगे से देसी पिस्तौल अउरी कारतूस बरामद भइल। जवना के बाद पुलिस दुनो युवक के गिरफ्तार कऽ लेलस। बता दीं कि गिरफ्तार दुनो अपराधी के आपराधिक घटना में शामिल होखे के जानकारी एकट्ठा कइल जाता। पूरा मामला मुजफ्फरपुर जिला के मनियारी थाना क्षेत्र के बा।

आपराधिक घटना करे वाला रहले

मामला के बारे में मनियारी थाना प्रभारी देवव्रत कुमार कहले कि जिला में आपराधिक घटना के रोके खातिर पुलिस लगातार कार्रवाई करतिया। जिला में होखत आपराधिक गतिविधि पऽ पुलिस के खास नजर राखल जाला। जवना के चलते पुलिस के बहुत टीम रात में गश्त करत गुप्त जानकारी के आधार पऽ अपराधी के गिरफ्तार करतिया। एही क्रम में काल्ह रात गश्त के दौरान शंका के आधार पऽ मनियारी थाना दु संदिग्ध बाइक सवार के गिरफ्तार कऽ लेलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]