[the_ad_group id="30365"]

Muzaffarnagar House Collapse: जक से मकान उठावत 20 मजदूर मलबा में दबइले, दू गो मौत; CM योगी हादसा पऽ लिहले संज्ञान

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मेरठ के मुरसलीन के जानसठ में पानीपत-खटीमा हाईवे पऽ बिजलीघर के सामने 400 वर्ग गज में दू मंजिला मकान रहे जवना में छव हो दोकान बनल रहे। मजदूर कई हो जक लगा के मकान उठावत रहले। तबे जैक तिरछा गइला के कारण पूरा मकान भरभरा के गिर गइल जवना में सब श्रमिक दबा गइले। पुलिस मलबा में दबाइल 16 श्रमिकन के बाहर निकाल गइल एमें दू गो मजदूर के मौत हो गइल।

दू मंजिला मकान जैक से उठावत घरी भरभरा के गिर गइल। मलबा में 20 श्रमिक दबा गइले। पुलिस मलबा में दबाइल 16 श्रमिकन के बाहर निकालस, एमें दू गो मजदूर के मौत हो गइल। डीआइजी, डीएम आ एसएसपी के देखरेख में एसडीआरएफ, एनडीआरएफ आ स्थानीय पुलिस जेसीबी मशीनन के साथे बचाव कार्य में जुटल रहे। मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ घटना पऽ संज्ञान लेत प्रत्येक व्यक्ति के सुरक्षित बाहर निकाले तक अभियान जारी रखे के आदेश देले।

घटना के बाद मकान मालिक आ ठेकेदार दुनु फरार हो गइले। मेरठ के मुरसलीन का जानसठ में पानीपत-खटीमा हाईवे पऽ बिजलीघर के सामने 400 वर्ग गज में दू मंजिला मकान रहे, जवना में छव दुकान बनल रहे। हाईवे चौड़ीकरण के कारण मकान नीचा हो गइल रहे, जवना के उठावे खातिर पांच दिन से काम चलत रहे । एकर ठेका रामपुर जिला के छुट्टन ठेकेदार के दिहल रहे।

16 मजदूरन के बाहर निकाल के सरकारी अस्पताल भेजल गइल, जहां डॉक्टर लो मुरादाबाद के मोहित आ रामपुर के पीयूष के मृत घोषित कर देलस। डीएम अरविंद मल्लप्पा बंगारी के कहनाम बा कि कई गो टीम बचाव कार्य में लागल बिया। 16 श्रमिकन के बाहर निकाल लिहल गइल बा। एमें दू गो मजदूर लो के मौत हो गइल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]