[the_ad_group id="30365"]

टीका लगा के लखनऊ के मंदिर में घुसल तौफीक, तुड़लस हनुमान जी के मूर्ति, लगवलस नारा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

उत्तर प्रदेश के राजधानी लखनऊ के गोमती किनारे स्थित लेटल हनुमान मंदिर में तौफीक अहमद नाम के आदमी मूर्तियन के तुरलस अउरी झंडा फाड़ देहलस। आरोपी के गिरफ्तार कs लिहल गइल बा. माथा पर टीका लगा के मंदिर में घुसल तौफीक नशा के हालत में रहल, उ पहिले जय श्री राम के नारा लगवलस अउरी फेर ईंटा ले के मूर्तियन के तूड़े लागल। लेटल हनुमान जी के मंदिर में मौजूद पुजारी बतवलें कि मंदिर सबके खातिर खुलल रहs ला। सबसे पहिले तौफीक टीका लगवलस अउरी मंदिर के गर्भ गृह में घुसले के कोशिश कइलस। जब पुलिस ओके गिरफ्तार कइलस, तब उ आपन नाम तौफीक अहमद बतवलस।

https://twitter.com/ZeeNews/status/1567770025259581440?t=2my_wBVaws1-2OIBJiZeBg&s=19

इ घटना लखनऊ के चौक थाना क्षेत्र के ह, जहां नशा में धुत्त तौफीक हनुमान जी के मंदिर में लेटल हनुमान जी के मूर्ति के तोड़ देहलस। पुलिस तौफीक के गिरफ्तार कs के मामला दर्ज क लेहले बिया अउरी आगे के कार्रवाई में जुटल बिया। एसीपी चौक के आदेश पs आरोपी के गिरफ्तारी कईल गईल। तौफीक शिव के रूप में मंदिर में घुसल रहे। एकरा बाद उ मंदिर में राखल दुनो मूर्ति के तोड़ देले। ई मंदिर माउंड वाली मस्जिद के सामने स्थित बा।

जब लोग ओकर विरोध कइल त उ अश्लीलता करे लगले। मंदिर परिसर में मौजूद लोग उनुका के पकड़ के मारपीट कईले। ओकरा बाद मंदिर के अध्यक्ष डॉ. विवेक टंगरी भी ओहिजा पहुंच के आरोपी के भीड़ से बचा के पुलिस के हवाले क देहलस। पुजारी के मुताबिक युवक काल्ह रात के टीका लगा के मंदिर के भीतर आइल। पूछला पर उ आपन नाम शिव बतवलस। युवक कहलस कि उ मंदिर घूमे आइल बा। एकरा बाद उहां स्थित हनुमान जी के मूर्ति के ईंटा मार के तूड़ दिहलस। ए घटना के बाद जनता में बहुत गुस्सा बा। अखिल भारतीय हिन्दू महासभा के प्रवक्ता शिशिर चतुर्वेदी भी ए घटना प नाराजगी जतवले। शिशिर कहले कि उ ए मामला में आरोपी युवक के खिलाफ कार्रवाई के मांग करिहें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]