[the_ad_group id="30365"]

मुस्लिम समुदाय करतब दिखावत शान्तिपूर्वक ताजिया लेके पहुंचल कर्बला  

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बरहज/अखिलेश कुमार सिंह: बरहज क्षेत्र के अलग-अलग गांव गहिला, सतरांव ,डेहरी आदि गांवन के मुस्लिम समुदाय के लोग परंपरागत रूप से मोहर्रम मनावल। लोग पैगंबर हजरत इमाम हुसैन के इयाद करत सनीचर के शांतिपूर्वक जुलूस निकालल लो आ कंधा पs ताजिया लेके लोग श्री नारायण शिक्षण संस्थान के लगे इस्थित अखाड़ा से करतब देखावत कर्बला पहुंचल लो।

इमाम हुसैन के इयाद में मनावल जाये वाला मुहर्रम के लेके मुस्लिम समुदाय में बहुते उल्लास दिखल। मुस्लिम एकरा के गम के त्यौहार मानेला लो आ ताजिया के कर्बला में ले जाके  समुदाय के लोग नमाज पढ़ल आ क्षेत्र के शांति आ सुख खातिर दुआ मांगल लो।

शांतिपूर्ण माहौल में मुहर्रम संपन्न करावे खातिर चौकी प्रभारी महेंद्र मोहन मिश्रा, पवन राव, आशीष, कॉन्स्टेबल महिला पूनम यादव, प्रियंका यादव हमराहियन के संगे लगातार दउड़त रहल लो आ लोगन से शांति के माहौल बना के राखे के अपील करत लउकल लो। आलम अंसारी, नुरलम, संदीप सिंह, अवधनारायण यादव, उमेश यादव, सुनील यादव, मकसूद आलम, असरफ अंसारी, आशिक अंसारी, इसफान, सरफराज खान विस्मिल ,अलियाश, मुर्तुजा, जमालूदिन आदि लोग मवजूद रहल।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]