[the_ad_group id="30365"]

15 हजार रिश्वत मंगला के आरोप में नामकुम थाना के मुंशी सस्पेंड

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रांची : नामकुम थाना में पदस्थापित मुंशी भूषण कुमार के एसएसपी किशोर कौशल 15 हजार रुपिया घूस मंगला के आरोप में सस्पेंड कs देले। भूषण कुमार पs आरोप बा कि ऊ शशांक कुमार से रिश्वत के मांग कइले रहस। शशांक के बाइक 21 सितंबर के चोरी भइल रहे।

पुलिस ने 2 दिन के बाद बाइक बरामद कs लेले रहे। मुंशी बाइक छोड़ला खातिर पईसा के मांग करत रहे। शशांक एकर शिकायत एसएसपी से कइलस तs पूरा ममिला के जांच के जिम्मेवारी डीएसपी नीरज कुमार के दिहल गइल। डीएसपी के जांच में स्पष्ट भइल  कि मुंशी पीड़ित से लगातार पईसा के मांग करत रहे।

एसएससी के कहनाम कि थाना में कवनो पुलिसकर्मी के द्वारा लापरवाही बरतल गइल तs ओकरा खिलाफ कडा कार्रवाई कइल जाई। एसएसपी पिछला हफ्ता दु थानेदारन पs कार्रवाई करत ओह लोगन के लाइन हाजिर कइले रहस । एसएसपी सब थानेदारन के आदेश देले बाड़े कि ऊ अपना-अपना थाना में हर पुलिसकर्मी के गतिविधि पs नजर राखे लो ताकि कवनो पीड़ित के थाना पहुंचला पs परेसानियन के सामना ना करे के पड़े।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]