Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

15 हजार रिश्वत मंगला के आरोप में नामकुम थाना के मुंशी सस्पेंड

378

रांची : नामकुम थाना में पदस्थापित मुंशी भूषण कुमार के एसएसपी किशोर कौशल 15 हजार रुपिया घूस मंगला के आरोप में सस्पेंड कs देले। भूषण कुमार पs आरोप बा कि ऊ शशांक कुमार से रिश्वत के मांग कइले रहस। शशांक के बाइक 21 सितंबर के चोरी भइल रहे।

पुलिस ने 2 दिन के बाद बाइक बरामद कs लेले रहे। मुंशी बाइक छोड़ला खातिर पईसा के मांग करत रहे। शशांक एकर शिकायत एसएसपी से कइलस तs पूरा ममिला के जांच के जिम्मेवारी डीएसपी नीरज कुमार के दिहल गइल। डीएसपी के जांच में स्पष्ट भइल  कि मुंशी पीड़ित से लगातार पईसा के मांग करत रहे।

एसएससी के कहनाम कि थाना में कवनो पुलिसकर्मी के द्वारा लापरवाही बरतल गइल तs ओकरा खिलाफ कडा कार्रवाई कइल जाई। एसएसपी पिछला हफ्ता दु थानेदारन पs कार्रवाई करत ओह लोगन के लाइन हाजिर कइले रहस । एसएसपी सब थानेदारन के आदेश देले बाड़े कि ऊ अपना-अपना थाना में हर पुलिसकर्मी के गतिविधि पs नजर राखे लो ताकि कवनो पीड़ित के थाना पहुंचला पs परेसानियन के सामना ना करे के पड़े।

340360cookie-check15 हजार रिश्वत मंगला के आरोप में नामकुम थाना के मुंशी सस्पेंड

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.