[the_ad_group id="30365"]

एक तरफा प्यार में पागल किन्नर लगइलस फांसी, बॉयफ्रेंड के दूसर लड़की के साथे देख के टूटल दिल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महाराष्ट्र के मुंबई में एगो नपुंसक के आत्महत्या के चौंकावे वाला मामिला सोझा आईल बा। बतावल जात बा कि मुंबई के मालवानी में रहे वाली अलवीना खान नाम के एगो नपुंसक एकतरफा प्रेम के चलते ई भयावह कदम उठवले बाड़ी। अलवीना खान 20 नवंबर के रात में अपना घर में फांसी लगा के आत्महत्या क लिहली।

पूरा मामिला का बा

मिलल जानकारी के मुताबिक अल्वीना एगो लईका से प्यार करत रहली, लेकिन कुछ दिन पहिले उ अपना प्रेमी के मलाड के मढ में एगो अवुरी लईकी के संगे देखले रहली। एकरा बाद अल्वीना आपन प्रेमी से कई बेर मुलाकात करे के कहली लेकिन उ प्रेमी से ना मिलल रहली। अल्वीना आपन प्रेमी के अयीसन रवैया से बहुत परेशान रहली। अल्वीना इंस्टाग्राम पs काफी मशहूर बाड़ी। उ आत्महत्या से पहिले एगो वीडियो भी बनवले बाड़े। फिलहाल मालवानी पुलिस मामिला दर्ज कs के जांच शुरू कs देले बिया।

एकरा संगे बता दीं कि सुप्रीम कोर्ट समलैंगिक बियाह के कानूनी मान्यता देवे से इनकार कs देले बिया, लेकिन ट्रांसजेंडर के सामान्य आदमी से बियाह के मान्यता बा। कोरोना काल के बाद प्रेम में धोखा खा के आत्महत्या करे वाला किन्नर के संख्या दुगुना हो गईल बा। अकेले बिहार में अयीसन ट्रांसजेंडर के संख्या 100 से जादे बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]