[the_ad_group id="30365"]

आचार संहिता के बीच मुंबई पुलिस बरामद कइलस 2.30 करोड़, 12 लोगों के भइल गिरफ्तारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

 

महाराष्ट्र में 20 नवंबर के विधानसभा चुनाव होखे जा रहल बा। चुनाव के नतीजा 23 नवम्बर के जारी कइल जाई. महाराष्ट्र विधानसभा चुनाव से पहिले दक्षिण मुंबई के कालबादेवी में पुलिस 12 लोग से 2.3 करोड़ रुपिया नकद जब्त क लेले बिया। अधिकारी बियफे के दिने ई जानकारी साझा कइले बाड़न. असल में इs कार्रवाई गुप्त जानकारी के आधार पs भईल रहे। बियफ़ें के रात में लोकमान्य तिलक मार्ग थाना अवुरी चुनाव अधिकारी कुछ लोग के रोक देले। अधिकारी के मुताबिक जब एs लोग के तलाशी लिहल गईल तs एs लोग से 2.3 करोड़ रुपिया नकद बरामद भईल।

नकदी लेके जात 12 लोग के गिरफ्तार

तलाशी के दौरान नकदी लेके चलेवाला इs लोग ना तs नकदी से जुड़ल कवनो दस्तावेज पेश कs पवले अवुरी ना एतना भारी रकम लेके चले के कारण बता पवले। बतावल जाता कि राज्य में विधानसभा चुनाव खातिर आदर्श आचार संहिता लागू होखला के बाद चुनाव आयोग के निर्देश पs बनल निगरानी टीम नकदी, शराब अवुरी बाकी संभावित प्रलोभन जईसन सामान के लेके सतर्क बा। शुक के अधिकारी बतवले कि एs मामला में कागजी काम सबेरे ले पूरा हो गईल। पूछताछ के बाद पईसा जब्त क लिहल गईल। नकदी लेके जात 12 लोग के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। उ बतवले कि बाद में नकदी के जांच खातीर आयकर विभाग के सौंपल गईल बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]