[the_ad_group id="30365"]

एक्टर सैफ अली खान पs हमला के एगो अउरी संदिग्ध पकड़ल गइल, मध्य प्रदेश से पुलिस दबोचलस

सैफ अली खान के घर में घुसके चाकू से हमला
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

अभिनेता सैफ अली खान पs भईल हमला के मामला में मध्य प्रदेश के एगो अवुरी संदिग्ध के मुंबई पुलिस हिरासत में लेले बिया।  संदिग्ध से पूछताछ जारी बा।  अबे ले इs साफ नईखे कि संदिग्ध असल हमलावर हs कि अपराध से जुड़ल केहु।  फिलहाल पुलिस संदिग्ध के भूमिका के जांच करतिया।  एकरा से पहिले शुक के भी मुंबई पुलिस एगो संदिग्ध के हिरासत में लेके पूछताछ कईले रहे।

ट्रेन में सफर करत रहे संदिग्ध
सूत्र के दावा बा कि जवना आदमी के हिरासत में लिहल गईल रहे उs ट्रेन से जात रहे। पुलिस के खोजत संदिग्ध एक्सप्रेस ट्रेन में सफर करे के जानकारी मिलल रहे। एकरा बाद स्थानीय पुलिस के मदद से यात्री के ट्रेन से उतारल गईल।  सूत्र बतावत बाड़े कि यात्री सैफ अली खान मामला के संदिग्ध निहन देखाई देता।  फिलहाल पुलिस उनुकर छानबीन करतिया।  अबे ले पुलिस के कवनो ठोस सबूत नईखे मिलल।

मुंबई पुलिस 35 गो टीम बनवले बिया  

मुंबई पुलिस के मुताबिक हमलावर शायद बांद्रा से ट्रेन में सवार होके मुंबई में घूमे खातीर चाहे कवनो दोसरा जगह भागे खातीर आईल रहे।  फिलहाल कई गो पुलिस टीम शहर के अलग-अलग रेलवे स्टेशन के सीसीटीवी फुटेज के जाँच करत मुख्य आरोपी के पता लगावे में लागल बिया।  आरोपी के हिरासत में लेवे खातीर पुलिस करीब 35 टीम के तैनात कईले बिया। 
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]