[the_ad_group id="30365"]

Mumbai: ‘भारत छोड़ो आंदोलन’ के बरसी पs हिरासत में लिहल गइले महात्मा गांधी के परपोता तुषार, उ बोलले- हमके गर्व बा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

महात्मा गांधी के परपोता तुषार गांधी के मुंबई में हिरासत में लिहल गइल बा। उ खुद ट्वीट कs के एकर पुष्टि कईले बाड़े। उ दावा कईले बाड़े कि उ ‘भारत छोड़ो आंदोलन’ के बरसी मनावे खातीर घर से निकलल रहले, लेकिन सांता क्रूज पुलिस उनुका के हिरासत में ले लेलस। उ ट्वीट क लिखले कि, ‘हम 9 अगस्त के भारत छोड़ो आंदोलन के बरसी मनावे खातीर घर से बहरी निकलल रहनी, लेकिन सांता क्रूज थाना में हिरासत में लिहल गईल। हमरा अपना दादा-दादी महात्मा गांधी आ बा पs गर्व बा, जेकरा के एह ऐतिहासिक तारीख के अंग्रेज हिरासत में ले लिहले रहले।

तुषार गांधी थाना से ही ट्वीट कईले कि रिहा होखते उ अगस्त क्रांति मैदान में मार्च करीहे। उ कहले कि, इ शहीद के याद करे के दिन ह अवुरी अगस्त के क्रांति दिवस जरूर मनावल जाई। एकरा संगे ए मामिला में पुलिस के ओर से कवनो बयान जारी नईखे भईल। एगो अवुरी ट्वीट में तुषार गांधी कहले कि अब उनुका के छोड़े के अनुमति दिहल जाता। अगस्त क्रांति मैदान के ओर प्रस्थान।इंकलाब जिंदाबाद!

बता दी कि भारत छोड़ो आंदोलन के अगस्त आंदोलन के नाम से जानल जाला। एकरा के भारत के स्वतंत्रता संग्राम के एगो महत्वपूर्ण अध्याय के रूप में जानल जाला। एह साल भारत छोड़ो आंदोलन के 81वां सालगिरह बा। भारत छोड़ो आंदोलन दिवस हर साल 9 अगस्त के मनावल जाला। आजादी के लड़ाई में देश के जनता के दिहल बलिदान के श्रद्धांजलि के रूप में इ दिन याद कईल जाला।

साभार- अमर उजाला

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]