[the_ad_group id="30365"]

मुकेश अंबानी के फेर जान से मारे के धमकी: मेल भेजके 20 करोड़ मंगलस, कहलस- हमनी लगे देस के बेस्ट शूटर्स; FIR दर्ज 

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिजनेसमैन मुकेश अंबानी के फेर जान से मारे के धमकी मिलल बा। अज्ञात शख्स उनका के एगो ईमेल भेजके 20 करोड़ रुपिया के मांग कइले बा। कहलस कि देस के बेस्ट शूटर्स से उनका के मरवा दी। सूत्रन के मोताबिक, अंबानी के ई धमकी बियफे के (27 अक्टूबर) सांझ के मिली।

ईमेल में लिखल रहे, ‘IF you don’t give us 20 crore rupees, we will kill you, we have the best shooters in india’. एह ईमेल के मिलला के बाद मुकेश अंबानी के सिक्योरिटी इंचार्ज के शिकायत के आधार पs गामदेवी पुलिस अज्ञात शख्स के खिलाफ IPC के धारा 387 आ 506 (2) के तहत FIR दर्ज कs के जांच सुरू कs देले बिया।

एकरा पहिले अंबानी आ उनका परिवार के कइयन बेर जान से मारे के धमकी मिल चुकल बा। एकरा चलते पिछला साल 29 सितंबर के केंद्रीय गृह मंत्रालय उनकर सिक्योरिटी Z कैटेगरी से बढ़ाके Z+ कs देले रहे। सिक्योरिटी पs आवे वाला खर्च के भुगतान मुकेश अंबानी करेलें। ई खर्च 40 से 45 लाख रुपिया महीना होला।

पहिलहूं कइयन बेर अंबानी के मिल चुकल बा धमकी

15 अगस्त 2022 के मुकेश अंबानी के परिवार के जान से मारे के धमकी मिलल रहे। मुंबई पुलिस के मोताबिक, रिलायंस फाउंडेशन हॉस्पिटल के डिस्प्ले नंबर पs धमकी भरल फोन कॉल कइल गइल। कॉलर धमकी देत कहले रहे कि उनका पूरा परिवार के तीन घंटा में खत्म कs दिहल जाई। एह ममिला में पुलिस एगो व्यक्ति के अरेस्ट कइले रहे।

एकरा बाद 5 अक्टूबर 2022 के रिलायंस फाउंडेशन अस्पताल ले बम से उड़ावे के धमकी मिलल रहे। हॉस्पिटल के लैंडलाइन नंबर पs अनजान शख्स के दु बेर कॉल आइल रहे, जेमे कॉलर अंबानी परिवार के जान से मारे के धमकी देले रहे। पहिला बेर कॉल दुपहरिया करीब 1 बजे आइल आ दूसरका कॉल सांझ 5 बजे आइल। एकरा बाद से अस्पताल आ एंटीलिया (मुकेश अंबानी के घर) के सुरक्षा बढ़ा दिहल गइल।

एह साल 10 जनवरी 2023 के मुंबई के धीरूभाई अंबानी इंटरनेशनल स्कूल के बम से उड़ावे के धमकी दिहल गइल रहे। मुंबई पुलिस बतवले रहे कि स्कूल के लैंडलाइन पs सांझ साढ़े चार बजे एगो कॉल आइल। फोन करे वाला स्कूल में टाइम बम लगावे के दावा कइले रहे। एकरा बाद फोन डिस्कनेक्ट हो गइल रहे।

फरवरी 2021 में एंटीलिया के लगे विस्फोटक भरल कार मिलल रहे

फरवरी 2021 में एंटीलिया के बाहर से विस्फोटक से लदल एगो SUV बरामद कइल गइल रहे, जेमे 20 जिलेटिन के छड़ आ एगो चिट्‌ठी मिलल रहे। चिट्ठी में मुकेश अंबानी आ उनकर पत्नी नीता अंबानी के धमकी दिहल गइल रहे। एह केस में मुंबई पुलिस के एनकाउंटर स्पेशलिस्ट सचिन वझे के नाम आइल रहे। अभी NIA एह केस के जांच कs रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]