[the_ad_group id="30365"]

विराट कोहली के पागलन के तरह चाहेनी ‘, मृणाल ठाकुर आपन एह बयान पs तुड़ली चुप्पी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

बॉलीवुड अभिनेत्री मृणाल ठाकुर आजुकाल्ह विराट कोहली के बारे में लेके खबरन में बाड़ी. असल में उनकर एगो पुरान इंटरव्यू पिछला कुछ दिन से खूब सुर्खियन में बा, जवना में ऊ विराट से आपन प्यार जतवले रहले. अभिनेत्री एह साक्षात्कार में बतवले रहली कि एक समय विराट कोहली उनुकर क्रश रहले। मृणाल के ई पुरान बयान एगो सोशल मीडिया हैंडल शेयर कइलस, ओकरा बाद ई पोस्ट हर जगह वायरल होखे लागल. अब अभिनेत्री मृणाल ठाकुर एह पोस्ट पs रिएक्ट करत आपन चुप्पी तूड़ दिहले बाड़ी.

मृणाल आपन चुप्पी तूड़ दिहली

असल में मृणाल के इs पुरान बयान इंस्टेंट बॉलीवुड पोस्ट कईले रहे, जवना में मृणाल ठाकुर अवुरी विराट कोहली के तस्वीर के कटआउट रहे अवुरी ओकरा पs लिखल रहे कि – ‘विराट कोहली के पागलन के तरह चाहेनी’। अब मृणाल एह पोस्ट पs कमेंट कs के आपन नाराजगी जतवले बाड़े। एह पs टिप्पणी करत अभिनेत्री लिखली कि ‘स्टॉप इट,ओके.’ अब अभिनेत्री के ई बयान एह घरी बहुते सुर्खियन में बा.

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]