[the_ad_group id="30365"]

MP Weather: मैहर में बांध टूटल तऽ निकला सैलाब, अपना साथे बहा के ले गइल सड़क, सोझा आइल भयावह तस्वीर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मध्य प्रदेश में तबाही बन के बरखा बरस रहल बा। मैहर जिला में भइल भारी बरखा के चलते ताश के पतई नियन बांध ढह गइल।

मैहर जिला में भइल भारी बरखा के चलते ताश के पतइ नियन बांध गिर गइल। ई बाँध राजा लोग के जमाना के हवे जवना के कारण एकरा के राजा बांध के नाँव से जानल जाला। बांध गिरला के चलते बंशीपुर गांव सीधा मैहार जिला से कट गइल बा।

राजा बांध मैहार जिला मुख्यालय से 42 किलोमीटर दूर बा। ए बांध के माध्यम से बंशीपुर समेत चार गांव सीधा मैहार जिला मुख्यालय से जुड़ल बा। एक साल पहिले पुष्कर योजना के तहत करीब सात लाख के लागत से बांध के रखरखाव भइल रहे, बाकिर पानी के तेज बहाव के चलते इ बांध पतई नियन गिर गइल बा। जवना से बांध के गुणवत्ता आ रखरखाव के खुलासा भइल बा।

 बांध टूट गइल, गांव के शहर से संपर्क टूट गइल

अचरज के बात इ बा कि बांध फटला के कई घंटा बीत गइल बा आ बांध फटला के चलते एगो गांव बंशीपुर के लोग के जिला मुख्यालय से संपर्क टूट गइल बा। बाकिर जिला के जिम्मेवार लापता बाड़े। जिला पंचायत के सीईओ संजना जैन के जब ए मामला के लेके बात भइल तऽ उऽ बतवली कि इ बांध बहुत पुरान हऽ। केतना गांव के संपर्क टूट गइल बा, इ लोग के पता नइखे। बाकिर उनका बांध टूटला के जानकारी मिलल बा, हम जलदिए स्थल प पहुँचब।

सड़को बह गईल

सीईओ कहली कि ए बांध के रखरखाव पुस्कर योजना के तहत भइल बा, जवना के निर्माण एजेंसी ईआरएस हऽ। खाली पुल टूट के ना बलुक बांध के दुनो ओर के 50 से 60 मीटर सड़को बह गइल, जवना खातिर उ जांच के बाद कार्रवाई होखे के बात कहले बाड़ी।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]