[the_ad_group id="30365"]

प्रज्वल रेवन्ना करवाई वापसी के कइले टिकट, एs दिन आ सकेले भारत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

निलंबित जनता दल (धर्मनिरपेक्ष) नेता आ कर्नाटक के हासन लोकसभा सीट से सांसद प्रज्वल रेवन्ना जल्दिए भारत लवट सकेलें. सरकारी सूत्र के ओर से दिहल जानकारी के मुताबिक यौन उत्पीड़न के आरोप में फंसल प्रज्वल रेवन्ना 30 मई के जर्मनी के म्यूनिख से बंगलौर खातीर वापसी के उड़ान के टिकट बुक कs लेले बाड़े। मानल जाता कि प्रज्वल रेवन्ना के भारत लवटते ही गिरफ्तार कs लिहल जा सकता।

विशेष जांच टीम यानी एसआईटी के सूत्र से जानकारी मिलल बा कि प्रज्वल रेवन्ना के 31 मई के कर्नाटक के बेंगलुरु पहुंचे के संभावना बा। प्रज्वल रेवन्ना के गिरफ्तारी के मामिला में पुलिस केम्पेगौड़ा हवाई अड्डा पs लगातार नजर राखल जाता। सांसद प्रज्वल रेवन्ना दु दिन पहिले एगो वीडियो मैसेज जारी कईले रहले, जवना में उs 31 मई के एसआईटी के सोझा पेश होखे अवुरी जांच में सहयोग करे के वादा कईले रहले।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]