सियासत: सांसद कंगना रणाैत कइली तीन कृषि कानून के दोबारा लागू करे के मांग

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 25, 2024

हिमाचल प्रदेश के मंडी सांसद कंगना रनौत के तीन कृषि कानून के फेर से लागू करे के विवादित बयान में तेजी आवे लागल बा। पंजाब में एकरा के लेके राजनीतिक बवाल मचल बा। सांसद कंगना

Share

Kangana Ranaut

हिमाचल प्रदेश के मंडी सांसद कंगना रनौत के तीन कृषि कानून के फेर से लागू करे के विवादित बयान में तेजी आवे लागल बा। पंजाब में एकरा के लेके राजनीतिक बवाल मचल बा। सांसद कंगना के ए बयान पs कांग्रेस, शिअद आ आप के नेता भाजपा हाईकमान से उनका के पार्टी से निकाले के मांग कइले बाड़े।

पंजाब में विपक्ष के नेता प्रताप सिंह बाजवा मंगर के दिने भाजपा नेतृत्व वाली केंद्र सरकार के कड़ा आलोचना कइलन कि उऽ विवादित खेती कानून के बहाल करे के वकालत करे खातिर बॉलीवुड अभिनेत्री आ मंडी सांसद कंगना रानौत के आपन मुखपत्र बना दिहले बिया। बाजवा कहले कि भाजपा अपना किसान विरोधी एजेंडा के आगे बढ़ावे खातिर कंगना के इस्तेमाल करतिया आ एकरा पs सरकार से तुरंत सफाई मंगले।

बाजवा कहले – भाजपा गूंगा दर्शक हो गइल बिया

बाजवा टिप्पणी कइले कि केंद्र के भाजपा सरकार जदी अपना मंडी सांसद के दिहल बयान के पीछे नइखे खड़ा तऽ उनका खिलाफ निर्णायक कार्रवाई करे के चाही। कंगना रनौत लगातार किसान समुदाय के निशाना बनवले बाड़ी, जबकि भाजपा मूक दर्शक बनल बिया। ई कवनो संजोग नइखे – ई एगो सावधानी से लिखल रणनीति हऽ।

शिरोमणि अकाली दल ( शिअद ) के प्रवक्ता एडवोकेट अर्शदीप सिंह कलेर कहले कि सांसद कंगना के इ विवादित बयान भाजपा के किसान विरोधी नीति के दर्शावता। अगर भाजपा किसान विरोधी नइखे तऽ पार्टी के हाईकमांड तुरंत उनुका के पार्टी से निकाल देवे के चाहीं।

 कंगना नायक ना बलुक खलनायक हई

भाजपा सांसद आ फिल्म अभिनेत्री कंगना रानौत के कृषि कानून के लेके दिहल बयान पs पंजाब के स्वास्थ्य मंत्री डॉ. बलबीर सिंह कहले कि कंगना नायक ना बलुक खलनायक हई, उनका के गंभीरता से ना लेवे के चाही। पंजाब अउरी हमनी के लोग के बारे में उऽ हमेशा विवादित बयान देत रहेली। हालात अइसन बा कि भाजपा के खुद उनका बयान से दूरी बनावे के पड़ेला।

डॉ. बलबीर सिंह कहले कि जदि कंगना के माता-पिता किसान बाड़े तऽ उहो उनका बयान से सहमत ना होईहें। बहुत लोग सोच समझ के बोलेला आ बहुत लोग बोलला के बाद सोचेला, बाकिर कंगना ए दुनो श्रेणी में नइखी। ना त बोलला से पहिले सोचेली ना बाद में। अब कंगना लोकसभा में सांसद बाड़ी, उनका अइसन बयान ना देवे के चाही।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.