[the_ad_group id="30365"]

MP Crime: छिंदवाड़ा में सामूहिक हत्याकांड, आठ लोगन के हत्या

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

मध्य प्रदेश के अंतिम सीमा में स्थित आदिवासी बाहुल्य इलाका के माहुलझिर अंतर्गत ग्राम बोदलकछार में एगो आदिवासी परिवार के 8 लोग के सामूहिक हत्या हो गईल बा। परिवार के बेटा कुल्हाड़ी से हत्या कs देलस। एकरा बाद हत्यारा भी फांसी लगा के आपन जान दे देलस।

हत्या के कारण अबे ले पता नईखे चलल, सूत्र से मिलल जानकारी के मुताबिक, एगो आदिवासी परिवार के एगो युवक अपना परिवार के आठ लोग के कुल्हाड़ी से हत्या कs देलस, जवना में उनुकर माता-पिता, पत्नी, बच्चा अवुरी भाई शामिल बाड़े, अवुरी हत्या के बाद उs खुदो के मार दिहलस। बतावल जाता कि घटना रात के 2-3 बजे भईल बा। पुलिस पूरा गांव के सील कs देले बिया। छिंदवाड़ा से पुलिस अधीक्षक मौका पs रवाना हो गईले। विस्तृत जानकारी के इंतजार बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]